[the_ad_group id="30365"]

तबियत बिगड़े के खबरन पऽ रतन टाटा के बयान- चिंता के कवनो बात नइखे, हम ठीक बानीं 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उद्योगपति रतन टाटा अपना इंस्टाग्राम पोस्ट पऽ स्वास्थ्य से जुड़ल जानकारी देत कहले कि उनका स्वास्थ्य के लेके कुछ खबर चलऽता। आ उऽ सभका के भरोसा दिआवल चाहत बाड़न कि उनका बढ़त उमिर के चलते उनुकर स्वास्थ्य जांच चलत बा आ उनका स्वास्थ्य से जुड़ल कुछ समस्या बा। रतन टाटा के उमिर 86 साल बा।

उ अपना पोस्ट में कहले कि चिंता के कवनो बात नइखे। हम ठीक बानी आ निहोरा करत बानी कि मीडिया आ आम लोग कवनो तरह के गलत जानकारी फइलावे से बचे।

Ratan tata instagram Post

बता दीं कि पहिले खबर आइल रहे कि उद्योगपति आ टाटा ग्रुप के मुखिया रतन टाटा के स्वास्थ्य खराब हो गइल बा। उनका के मुंबई के अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा। सुप्रसिद्ध उद्योगपति आ टाटा सन्स के अध्यक्ष रहल रतन नवल टाटा के ब्रीच कैंडी अस्पताल के आईसीयू में राखल गइल। सोमवार (7 अक्टूबर) के सबेरे उनका के इमरजेंसी में अस्पताल पहुंचावल गइल। रतन टाटा के भोर 12.30 से 1 बजे के बीच गंभीर हालत में भर्ती करावल गइल। उनकर ब्लड प्रेशर बहुत कम रहे जेकरा बाद उनका के आईसीयू ले जाइल गइल। नामी हृदय रोग विशेषज्ञ डॉ. शारुख अस्पी गोलवाला के नेतृत्व में विशेषज्ञन के टीम उनका हालत पर नजर राखत बिया।

बाकिर अब रतन टाटा खुदे एह खबरन पऽ इस्तिथी साफ कऽ दिहले बाड़न।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]