आचार्य किशोर कुणाल के मिली “पद्म विभूषण”? बिहार सरकार कइलस अनुशंसा

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 17, 2025

बिहार राज्य धार्मिक ट्रस्ट (बीएसबीआरटी) के प्रमुख रहल आ भारतीय पुलिस सेवा (आईपीएस) के सेवानिवृत्त अधिकारी स्वर्गीय आचार्य किशोर कुणाल के समाज सेवा के क्षेत्र में विशिष्ट योगदान खातिर “पद्म विभूषण” के पुरस्कार खातिर सिफारिश

Share

आचार्य किशोर कुणाल

बिहार राज्य धार्मिक ट्रस्ट (बीएसबीआरटी) के प्रमुख रहल आ भारतीय पुलिस सेवा (आईपीएस) के सेवानिवृत्त अधिकारी स्वर्गीय आचार्य किशोर कुणाल के समाज सेवा के क्षेत्र में विशिष्ट योगदान खातिर “पद्म विभूषण” के पुरस्कार खातिर सिफारिश कइल गइल बा. इs सिफारिश बिहार सरकार के ओर से कईल गईल बिया। 

पिछला महीना दिल के दौरा से उनुकर मौत हो गइल रहे. उनुकर उमिर 74 साल रहे। किशोर कुणाल पटना के महावीर आरोग्य संस्थान, महावीर कैंसर संस्थान, महावीर वात्सल्य अस्पताल, महावीर नेत्रालय, महावीर वरिष्ठ नागरिक अस्पताल समेत नौ चैरिटेबल अस्पताल के स्थापना कईले रहले। उs बिहार के पूर्वी चंपारण में विराट रामायण मंदिर के निर्माण के भी पहल कईले अवुरी 20 जून 2023 से एs मंदिर के निर्माण के काम शुरू भईल। कुणाल के प्रयास के चलते 12 दिसंबर 2024 के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार बच्चन के इलाज खातीर देश के पहिला कैंसर अस्पताल महावीर चाइल्ड कैंसर अस्पताल के शिलान्यास कईले। 

कुणाल 23 मई 2006 के बिहार राज्य धार्मिक न्यास बोर्ड के प्रशासक बनले, अवुरी 2010 में एकर अध्यक्ष बनले। उ 10 मार्च 2016 के एs पद से इस्तीफा दे देले रहले। कुणाल के 13 जून 1993 के पटना हनुमान मंदिर में दलित पुजारी नियुक्ति भइल रहे। बिहटा, पालीगंज, बोधगया, हाजीपुर, मुजफ्फरपुर, बेगुसराय आदि जगहन के कई गो प्रमुख मंदिरन में बिहार धार्मिक न्यास बोर्ड के प्रशासक के रूप में दलित पुजारी लोग के नियुक्ति कइलें। कुणाल बिहार के सभ मंदिर में दलित ट्रस्टी नियुक्त कईले अवुरी मंदिर के कामकाज के प्रबंधन में बहुत हद तक एs लोग के शामिल कईले।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: डिनर कइले के बाद जरूर करीं इs काम,धीरे-धीरे कम हो जाई राउर वजन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.