[the_ad_group id="30365"]

रील के सनक! साइन बोर्ड पऽ लटक के हवा में युवक लगवलस पुल-अप

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

यूपी के अमेठी में एगो युवक हाईवे प साइन बोर्ड से लटकत पुल-अप करत देखाई देता। ई वीडियो अब सोशल मीडिया पs वायरल हो रहल बा। पुलिस वायरल वीडियो के संज्ञान लेले बिया। पुलिस युवक के तलाशी कर रहल बिया।

नवहन के रील के अतना लत लागे लागल बा कि बिना जिनिगी के परवाह कइले रील बनावत बाड़े। अमेठी में नवहन के माथा से रील बनावे के भूत नइखे जात। आपन जान जोखिम में डाल के युवा रील बना के सोशल मीडिया पs वायरल कर रहल बाड़े। अमेठी में सोशल मीडिया पs एगो युवक के रील वायरल होखता, जवना में उ हाईवे पs लगावल साइन बोर्ड पs पुल – अप करत देखाई देता।

असल में अमेठी में सोशल मीडिया पs एगो वीडियो वायरल होखता, जवना में एगो युवक किलोमीटर के साइन बोर्ड प पुल-अप करत देखाई देता। जवना बोर्ड पs युवक पुलअप करता उऽ सड़क से करीब 10 मीटर ऊपर बा। जदि गलती से युवक के हाथ छूट गइल तऽ इ एगो बड़ घटना साबित हो सकऽता। वीडियो में एगो अउरी युवक बोर्ड पs बइठल देखाई देता। बतावल जाता कि वीडियो अमेठी कस्बा के बाईपास के हऽ। ई वीडियो सचिन नांव के एगो इंस्टाग्राम यूजर पोस्ट कइले बा। एह पेज प कुछ फोटो डालल गइल बा, जवना प एगो युवक एगो बोर्ड पs खड़ा होके आपन सिक्स पैक आ बॉडी देखावता।

जदि गलती से युवक के हाथ छूट गइल तऽ इ एगो बड़ घटना साबित हो सकऽता। वीडियो में एगो अउरी युवक बोर्ड पs बइठल देखाई देता। बतावल जाता कि वीडियो अमेठी कस्बा के बाईपास के हऽ। ई वीडियो सचिन नांव के एगो इंस्टाग्राम यूजर पोस्ट कइले बा। एह पेज प कुछ फोटो डालल गइल बा, जवना पs एगो युवक एगो बोर्ड प खड़ा होके आपन सिक्स पैक अवुरी बॉडी देखावत बा।

अइसन खतरनाक स्टंट रोके खातिर प्रशासन समय-समय पर लोग से निहोरा करत बा कि उऽ लोग आपन जान जोखिम में मत डालस आ कवनो तरह के खतरनाक स्टंट मत करस। वायरल वीडियो पs अमेठी थाना प्रभारी बृजेश सिंह बतवले कि वीडियो में देखाई देवे वाला दुनो युवक के तलाश कइल जाता। जल्दिए दुनो युवक के गिरफ्तार कऽ उचित कार्रवाई कइल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]