[the_ad_group id="30365"]

पूर्व प्रधानाध्यापक चंदेश्वर गोश्वामी के आसामयिक निधन, प्रखंड क्षेत्र मे शोक के लहर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मशरक (सारण)/धर्मेंद्र कुमार सिंह: मशरक प्रखंड क्षेत्र अंतर्गत खजुरी गांव निवासी उच्च विद्यालय के पूर्व प्रधानाध्यापक चंदेश्वर गोश्वामी के बुध के आसामायिक निधन से प्रखंड क्षेत्र मे शोक के लहर दउर गइल। उनका निधन से शिक्षा जगत मे कबो पुरा ना होखे वाला क्षति भइल बा।

एह बारे मे पूर्व प्रधानाध्यापक के बेटा प्रवीण गोश्वामी शिक्षक जवन प्राथमिक विद्यालय खजुरी के प्रधानाध्यापक बाड़ें आ राहुल गोश्वामी ऊर्फ अजय गोश्वामी जवन बहुआरा उच्च विद्यालय मे शिक्षक के पद पs कार्यरत बाड़ें। ऊ लोग बतावल कि बाबूजी के स्वास्थ गरबड़ चलत रहे। अचानके एका एक आज सब परिवार के लोग से बात कइला के कुछे देर बाद उहां के देहांत हो गइल। मृत्यु के खबर सुन परिजनन मे कोहराम मच गइल।

स्वर्गीय चंदेश्वर गोश्वामी के चार गो बेटा बा लोग। चारो बेटा सरकारी सेवा मे कार्यरत बा लोग। हिन्दू रीती रीवाज के मोताबिक उनकर अंतिम दाह संस्कार पैतृक गावं खजुरी के शमशान घाट पs उनकर बड़ पुत्र प्रवीण गोश्वामी मुखांगनी देलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]