Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोरखपुर से मां वैष्णोदेवी के सफर भइल आसान: जम्मूतवी खातिर चली स्पेशल ट्रेन, जारी भइल शेडयूल

72
Google Ads 300*250 for posts

गोरखपुर। त्योहारन में गोरखपुर से जम्मूतवी आये-जाये वाला यात्रियन खातिर राहत के खबर बा। यात्रियन के बढ़त भीड़ के देखत रेलवे प्रशासन 04646/04645 जम्मूतवी-बरौनी-जम्मूतवी वाया गोरखपुर वीकली स्पेशल ट्रेन छव ट्रिप खातिर चलवले बा। ई ट्रेन जम्मूतवी से 10 अक्टूबर- 14 नवंबर तक हर बियफे के आ बरौनी से 11 अक्टूबर -15 नवंबर तक हर सुक के चलावल जाई। रेलवे एकर शेड्यूल जारी कs देले बा।

ई बा ट्रेन के शेड्यूल

04646/04645 जम्मूतवी-बरौनी-जम्मूतवी वाया गोरखपुर वीकली स्पेशल ट्रेन जम्मूतवी से 05:45 बजे चलके पठानकोट से 07:35 बजे, जलंधर कैंट से 09:40 बजे, लुधियाना से 10:42 बजे, अंबाला कैंट से 12:40 बजे, सहारनपुर से 14:05 बजे, लक्सर से 15:22 बजे, मुरादाबाद से 17;55 बजे, बरेली से 19:23 बजे, सीतापुर से 22:42 बजे, दूसरका दिन गोण्डा से 01:45 बजे, गोरखपुर से 04:35 बजे, छपरा से 07:45 बजे, हाजीपुर से 09:15 बजे, शाहपुर पटोरी से 10:20 बजे आ बछवारा से 10:55 बजे छूटके बरौनी 12:40 बजे पहुंची।

वापसी यात्रा में ई ट्रेन बरौनी से 15:15 बजे चलके बछवारा से 15:40 बजे, शाहपुर पटोरी से 16:10 बजे, हाजीपुर से 17:22 बजे, छपरा से 20:20 बजे, गोरखपुर से 23:55 बजे, गोण्डा से 02:35 बजे, सीतापुर से 06:00 बजे, बरेली से 09:10 बजे, मुरादाबाद से 10:45 बजे, लक्सर से 12:52 बजे, सहारनपुर से 14:00 बजे, अंबाला कैंट से 15;25 बजे, लुधियाना से 17:30 बजे, जलंधर कैंट से 18:27 बजे और पठानकोट से 20:40 बजे छूटके जम्मूतवी 22:30 बजे पहुंची।

अइसन होई कोच बेवस्था

एह वीकली स्पेशल ट्रेन में AC 3 टियर इकॉनमी के 11 आ जनरेटर सह लगेज यान के दुगो कोच सहित कुल 13 कोच लगावल जाई।

958430cookie-checkगोरखपुर से मां वैष्णोदेवी के सफर भइल आसान: जम्मूतवी खातिर चली स्पेशल ट्रेन, जारी भइल शेडयूल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.