Gorakhpur: D.A.V PG कॉलेज में सांस्कृतिक समारोह के समापन

D.A.V PG कॉलेज में सांस्कृतिक समारोह के समापन

Share

डी0ए0वी0 पी0जी0 कॉलेज, गोरखपुर, के वार्षिक सांस्कृतिक समारोह के समापन आज शनिचर के महाविद्यालय के प्रांगण में भइल। एकर जानकारी महाविद्यालय के प्राचार्य प्रो0 शैल पांडे दिहली। कार्यक्रम के प्रारम्भ अतिथियन द्वारा माँ सरस्वती के चित्र पs पुष्पार्पण आ दीप प्रज्जवलन से कइल गइल। सरस्वती वन्दना सत्यप्रभा, ज्योति आ गुंजन ने प्रस्तुत कइली। सांस्कृतिक समारोह के मुख्य अतिथि प्रो0 मंजू मिश्रा, प्राचार्य, बापू पी0जी0 कालेज, पीपीगंज से रहली। मुख्य अतिथि के स्वागत महाविद्यालय के प्राचार्य प्रो0 शैल पांडे पुष्प गुच्छ आ अंगवस्त्र देके कइली।

प्राचार्य अपना संबोधन में छात्र लोग के प्रस्तुत कार्यक्रम के सराहना करत उज्जवल भविष्य खातिर शुभकामना दिहले। मुख्य अतिथि प्रो मंजू मिश्रा एह तरह के कार्यक्रम के छात्रन के व्यक्तित्व के विकास खातिर जरूरी बतावत छात्रन के प्रस्तुत कार्यक्रम के तारीफ कइली। कॉलेज के पत्रिका रूपायन के अनावरण मुख्य अतिथि प्रोफेसर मंजू मिश्रा कइली। एह मौका पs ओह लोग के दयानंद स्वर्ण पदक से सम्मानित कइल गइल जे अपना संकाय वाणिज्य आ विज्ञान में सबले बेसी अंक हासिल कइले रहले.

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ धरती चीर के बाहर निकलल रहे गोरखपुर के मां काली के प्रतिमा

“वनस्पति विज्ञान में सर्वोच्च अंक प्राप्त करे वाला, कृष्ण नंदन शर्मा के स्व० जी डी पांडेय स्मृति पुरस्कार, मनोविज्ञान में सर्वोच्च अंक पावे वाली तनु कुशवाहा के स्वर्गीय पुष्पा देवी स्मृति पुरस्कार से सम्मानित कइल गइल आ इतिहास में सबले बेसी अंक पावे वाला अभय कुमार मिश्रा के स्वर्गीय चंद्र भूषण मिश्रा पुरस्कार से सम्मानित कइल गइल .” एह मौका पs सुश्री दृष्टि केशवानी के प्रधानाध्यापक के ओर से सभे कार्यक्रम के आयोजन में अभूतपूर्व सहयोग खातिर सम्मानित कईल गईल। पुरस्कार वितरण के क्रम में पेंटिंग प्रतियोगिता में सौम्या शुक्ला प्रथम, अंशिका द्वितीय, दृष्टि तृतीय स्थान पs , मोबाइल फोटोग्राफी में पलक द्विवेदी प्रथम, सृष्टि तिवारी द्वितीय, गौसिया खातून तृतीय, निबन्ध लेखन में अरविन्द कुशवाहा प्रथम, साची जालान द्वितीय, कुन्दन कान्दू तृतीय, रंगोली में रोशनी, अंजली, तान्या, खुशी प्रथम, आकांक्षा, अदीबा, कमलेन्द्र, रमेश,विकास द्वितीय, आंचल, अनु, सुकन्या, आफरीन तृतीय, नुक्कड़ नाटक में शाहीन, ऋतु, आंचल, सत्यप्रभा, प्रीती, अंशु, ज्योति,स्नेहल, अंजली, अनु प्रथम, नितिन, आदित्य, सतीश, प्रिया, मरियम, अनन्या, दृष्टि, नाजिया, श्रृद्धा द्वितीय, विकास, रमेश, अदीबा, आकांक्षा, कमलेन्द्र, अर्पिता तृतीय पs रहल. सोलो सान्ग में सत्यम प्रथम, मरियम आ राधा द्वितीय, अविनाश तृतीय, सोलो डान्स स्वीटी प्रथम,खुशी द्वितीय, चन्दन तृतीय, ग्रुप डान्स में खुशी, स्नेहा, वंशिका, कोमल, आभा, वैष्णिवी प्रथम, प्रिया, अर्पिता द्वितीय, मुस्कान, नन्दनी, शाहीन, आंचल, सत्यप्रभा, अंजली, प्रीती, अनु, अंशु तृतीय, गायन प्रतियोगिता में नीतू, नाजिया प्रथम, स्नेहा, खुशी, दीपाली, वंशिका द्वितीय, क्विज प्रतियोगिता में सौम्या, राधा, कीर्ति प्रथम, दीपांजली, सूफिया, शिवांगी द्वितीय, अमन राज, राम नरेश, अरूण तृतीय रहले. भाषण प्रतियोगिता में राम नरेश प्रथम, प्रिन्स द्वितीय, कुन्दन तृतीय रहले.

आभार ज्ञापन सांस्कृतिक समिति के समन्वयक डॉक्टर संजय कुमार पांडे द्वारा कइल गइल। कार्यक्रम के संचालन डॉ0 संजय कुमार मिश्रा द्वारा कइल गइल । विभिन्न प्रतियोगिता के समन्वयक आ सदस्य के रूप में प्रो0 अमृता श्रीवास्तव, प्रो0 सुबोध कुमार, डॉ0 विनोद कुमार श्रीवास्तव, प्रो0 बिन्दू, प्रो0 वेदवती सिंह, प्रो0 निरूपमा तिवारी एवं प्रो0 परेश सनत, डॉ0 प्रतिभा गुप्ता, डॉ0 प्रमोद त्रिपाठी, डॉ0 सुगन्धा, रक्षा गुप्ता , डॉ0 विनोद गुप्ता, डॉ0 मनोज श्रीवास्तव, डॉ0 मुन्ना गुप्ता, डॉ0 राजेश राय, डॉ0 कुलदीप द्विवेदी, डॉ0 आशाराम, डॉ0 रागिनी दीक्षित, डॉ0 वीनस सिंह, श्री अभिषेक गुप्ता, डॉ0 शिवम श्रीवास्तव, डॉ0 विश्वदीपक सिंह, सुश्री दृष्टि, श्री चन्द्र मोहन श्रीवास्तव, श्री निगमेन्द्र पाण्डेय, श्री अरूण श्रीवास्तव, शफीक, जाहिद, अली समस्त कर्मचारीगण आ भारी संख्या में छात्र/छात्रा लोग उपस्थित रहे.

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ गणेश जी के उs मंदिर जवन रामायण काल ​​आ द्वापर युग में भी रहे मौजूद ‘रणथंभौर गणेश मंदिर’

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-