Forex Reserve: भारत के बिदेसी मुद्रा भंडार 3.71 अरब डॉलर घटके 701.176 अरब भइल, आंकड़ा जारी

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 11, 2024

भारत के बिदेसी मुद्रा भंडार (फॉरेक्स रिजर्व) 4 अक्टूबर के समाप्त सप्ताह के दौरान 3.709 अरब डॉलर घटके 701.176 अरब डॉलर रह गइल। आरबीआई सुक के एकरा से जुड़ल आंकड़ा जारी कइलस। पिछला समीक्षाधीन सप्ताह

Share

भारत के बिदेसी मुद्रा भंडार (फॉरेक्स रिजर्व) 4 अक्टूबर के समाप्त सप्ताह के दौरान 3.709 अरब डॉलर घटके 701.176 अरब डॉलर रह गइल। आरबीआई सुक के एकरा से जुड़ल आंकड़ा जारी कइलस।

पिछला समीक्षाधीन सप्ताह में, बिदेसी मुद्रा भंडार 12.588 अरब डॉलर बढ़के 704.885 अरब डॉलर के सर्वकालिक उच्च स्तर पs पहुंच गइल रहे। सुक के जारी आंकड़न के अनुसार, 4 अक्टूबर के समाप्त सप्ताह के दौरान, बिदेसी मुद्रा भंडार के एगो प्रमुख घटक, बिदेसी मुद्रा आस्तियां (एफसीए) 3.511 अरब डॉलर घटके 612.643 अरब डॉलर रह गइल।

डॉलर के संदर्भ में अभिव्यक्त एफसीए में बिदेसी मुद्रा भंडार में रखल गइल यूरो, पाउंड आ येन जइसन गैर-अमेरिकी इकाइयन के मूल्यवृद्धि भा मूल्यह्रास के प्रभाव सामिल कइल जात बा। आरबीआई कहलस कि सप्ताह के दौरान स्वर्ण भंडार 40 मिलियन डॉलर घटके 65.756 बिलियन डॉलर रह गइल।

केंद्रीय बैंक बतवलस कि विशेष आहरण अधिकार (एसडीआर) 123 मिलियन अमेरिकी डॉलर घटके 18.425 बिलियन अमेरिकी डॉलर रह गइल। भारतीय रिजर्व बैंक के आंकड़न के अनुसार, समीक्षाधीन सप्ताह के दौरान आईएमएफ के लगे भारत के आरक्षित इस्थिति 35 मिलियन अमेरिकी डॉलर घटके 4.352 बिलियन अमेरिकी डॉलर रह गइल।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.