Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

रेलवे विनेश फोगाट आ बजरंग पूनिया के दिहलस बड़ राहत, इस्तीफा स्वीकार

1,961
Google Ads 300*250 for posts

 

हरियाणा विधानसभा चुनाव से पहिले कांग्रेस पार्टी हरियाणा के दू गो पहलवान विनेश फोगाट आ बजरंग पुनिया के अपना पाले में शामिल कs लिहले बिया. एकरा से पहिले विनेश अवुरी बजरंग तुरंत रेलवे के नौकरी से इस्तीफा दे देले रहले। एकरा बाद रेलवे दुनो पहलवान के कारण देखावे के नोटिस जारी कs देलस।  हालांकि अब रेलवे विनेश फोगाट अवुरी बजरंग पुनिया के बहुत राहत देले बिया अवुरी दुनो के इस्तीफा मान लेले बिया।

कवन समस्या रहे?

दरअसल चुनाव आयोग के नियम के मुताबिक जब ले रेलवे विनेश फोगाट के इस्तीफा स्वीकार ना करी अवुरी उनुका के एनओसी ना दिही। तब तक उs चुनाव नईखी लड़ सकत। उत्तरी रेलवे के कहनाम बा कि कारन बतावे के नोटिस सेवा नियमावली के हिस्सा हs, काहेंकी रेलवे के रिकॉर्ड में उs अबे ले सरकारी कर्मचारी बाड़े। हालांकि अब बजरंग अवुरी विनेश के इस्तीफा मान लिहल गईल बा।

 

 

 

 

954010cookie-checkरेलवे विनेश फोगाट आ बजरंग पूनिया के दिहलस बड़ राहत, इस्तीफा स्वीकार

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.