Delhi: वीएमएमसी-एसजेएच में सफलतापूर्वक कइल गइल बोन मैरो ट्रांसप्लांट

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 9, 2024

वर्धमान महावीर मेडिकल कॉलेज (वीएमएमसी) आ सफदरजंग अस्पताल (एसजेएच) के बाल हेमेटोलॉजी ऑन्कोलॉजी (पीएचओ) प्रभाग आपन पहिला बाल चिकित्सा बोन मैरो प्रत्यारोपण सफलतापूर्वक आयोजित कऽ के एगो महत्वपूर्ण उपलब्धि हासिल कइले बा। पेड्स के एचओडी

Share

वर्धमान महावीर मेडिकल कॉलेज (वीएमएमसी) आ सफदरजंग अस्पताल (एसजेएच) के बाल हेमेटोलॉजी ऑन्कोलॉजी (पीएचओ) प्रभाग आपन पहिला बाल चिकित्सा बोन मैरो प्रत्यारोपण सफलतापूर्वक आयोजित कऽ के एगो महत्वपूर्ण उपलब्धि हासिल कइले बा।

पेड्स के एचओडी डॉ. रतन गुप्ता बतवले कि उच्च जोखिम वाला हॉजकिन लिंफोमा से पीड़ित नौ वर्षीय बच्चा पs इ प्रक्रिया नि:शुल्क कइल गइल। डॉ. प्रशांत प्रभाकर प्रत्यारोपण टीम के नेतृत्व कइले, कंडीशनिंग कीमोथेरेपी के बाद दु अगस्त के ऑटोलॉगस प्रत्यारोपण कइल गइल। सफल प्रत्यारोपण के बाद मरीज के सात सितंबर के छुट्टी दे दिहल गइल आ उऽ अगिला दु महीना तक कड़ा निगरानी में रही।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.