Gorakhpur News: सातवीं कक्षा के छात्रा इंस्टाग्राम पऽ साथी से मंगलस फिरौती

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 9, 2024

इलाका के एगो स्कूल में सातवीं कक्षा में पढ़े वाला छात्र इंस्टाग्राम प अपना एगो सहपाठी से फिरौती मंगलस। पीड़ित छात्रा के बतावला पs जंगल सीकरी निवासी उनकर चाचा अनिल सिंह खोराबर थाना में शिकायत

Share

इलाका के एगो स्कूल में सातवीं कक्षा में पढ़े वाला छात्र इंस्टाग्राम प अपना एगो सहपाठी से फिरौती मंगलस। पीड़ित छात्रा के बतावला पs जंगल सीकरी निवासी उनकर चाचा अनिल सिंह खोराबर थाना में शिकायत दर्ज करवले। पुलिस के जांच में पाता चलल कि छात्र पार्टी करावे खातिर पईसा जुटावत रहले। एहसे उऽ अपना दोस्त से पइसा के मांग कइले। विद्यार्थियन के एह हरकत पर दिन भर पूरा स्कूल क्षेत्र में चर्चा भइल।

अनिल शिकायत में लिखले बाड़न कि हमार भतीजा ओह इलाका के एगो स्कूल में कक्षा सात में पढ़ेला। शनिचर के सबेरे करीब 7 बजे उनका क्लास में पढ़े वाला दु छात्र उनका के इंस्टाग्राम प धमकवले आ उनका से पइसा के मांग कइले। तब भतीजा पूरा बात बतवले। आरोप बा कि दुनो मन बढू स्वभाव के हउवे आ उ पहिलहू भतीजा से पईसा मांग चुकल बा।

संगही पुलिस के कहनाम बा कि मामला फिरौती के नइखे। पार्टी के आयोजन खातिर छात्र आपस में पइसा जुटावत रहले। फिलहाल मामला के जांच हो रहल बा, सबूत के आधार प आगे के कार्रवाई होई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.