Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

September 2024 Bank Holidays: सितंबर में केतना छुट्टी, केतना दिन बैंक रही बंद

115
Google Ads 300*250 for posts

 

अगस्त के महीना खतम होखे वाला बा। एकरा संगे भारत भर में चलत त्योहार के मौसम भी चरम पs पहुंचे लागल बा। बाकिर आवे वाला त्योहार के चलते सितंबर में बैंक अवुरी बाकी सरकारी विभाग कई गो दिने बंद रही। अइसना में अगर रउरा लगे बैंक के काम बा तs एह छुट्टी से पहिले सगरी काम पूरा कs लीं. आई जानल जाव भारतीय रिजर्व बैंक द्वारा घोषित छुट्टी के सूची।

8 दिन बंद रही बैंक 

सितंबर महीना में आवे वाला त्योहार के छुट्टी समेत कुल 8 दिन ले बैंक बंद रही अवुरी शनिचर अवुरी अतवार। सार्वजनिक क्षेत्र के अलावे इs छुट्टी निजी अवुरी सहकारी बैंक जईसन सभ बैंक में लागू होई। एकरा संगे कई राज्य में अलग-अलग त्योहार के चलते बहुत बैंक बंद रह सकतारे।

सितंबर में बैंक अवकाश के लिस्ट

•1 सितंबर 2024 – अतवार (साप्ताहिक अवकाश)

•7 सितंबर 2024 – गणेश चतुर्थी (कई राज्यन में अवकाश)

•8 सितंबर 2024 – अतवार (साप्ताहिक अवकाश)

•14 सितंबर 2024 – दूसरका शनिचर

•15 सितंबर 2024 – अतवार (साप्ताहिक अवकाश)

•16 सितंबर 2024 – ईद-ए-मिलाद (कई राज्यन में छुट्टी)

•22 सितम्बर 2024 – अतवार (साप्ताहिक अवकाश)

•28 सितंबर 2024 – चउथा शनिचर

•29 सितम्बर 2024 – अतवार (साप्ताहिक अवकाश)

 

 

942620cookie-checkSeptember 2024 Bank Holidays: सितंबर में केतना छुट्टी, केतना दिन बैंक रही बंद

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.