[the_ad_group id="30365"]

दोगुना ले बढ़ल सरकारी अस्पताल के फीस, OPD, ब्लड टेस्ट भी महंगा, एह राज्य में फैसला

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

कर्नाटक सरकार राज्य के अस्पतालन के फीस में बहुते बड़हन बढ़ोतरी कइले बिया. कर्नाटक में मेडिकल एजुकेशन विभाग के तहत अस्पतालन में इलाज आ डायग्नोस्टिक टेस्ट 20 फीसदी महँग हो गइल बा. कई गो सेवा के फीस भी दुगुना हो गईल बा।  बंगलौर मेडिकल कॉलेज एंड रिसर्च इंस्टीट्यूट (बीएमसीआरआई) के तहत अस्पताल अवुरी कर्नाटक के अलग-अलग स्वायत्त चिकित्सा शिक्षा संस्थान में बढ़ल फीस लागू हो गईल बा। अस्पतालन में कवना सेवा खातिर फीस केतना बढ़ल बा, जानीं

अधिकारी का बतवले?

बीएमसीआरआई के अधिकारी टीओआई के जानकारी देले कि इलाज, सर्जरी, विभिन्न प्रकार के खून के जांच अवुरी स्कैन के फीस में संशोधन कईल गईल बा। अधिकारी लोग के तर्क बा कि फीस में आखिरी संशोधन 5-6 साल पहिले भईल रहे। एह बढ़ोतरी से अस्पतालन के रखरखाव में मदद मिली. अधिकारी एकरा के मामूली फीस बढ़ोतरी बतवले बाड़े. उs कहले कि सभ जांच अवुरी इलाज 20% महंगा ना होखेला, कुछ खून के जांच अभी भी मुफ्त बा।

संशोधित नियम के मुताबिक इनपेसिंट रजिस्ट्रेशन शुल्क 25 रुपया से बढ़ा के 50 रुपया अवुरी मरीज के बेड शुल्क 30 रुपया से बढ़ा के 50 रुपया क दिहल गईल बा। पोस्टमार्टम, मेडिकल परीक्षा, चोट अवुरी शारीरिक फिटनेस प्रमाणपत्र के शुल्क 250 रुपया से बढ़ा के 300 रुपया कs दिहल गईल बा। मेडिकल बोर्ड सर्टिफिकेट के दाम अब 350 रुपया से बढ़ के 500 रुपया हो गईल बा। एकरा अलावे आहार सलाह खाती 50 रुपया अवुरी आहार संबंधी सलाह खाती 100 रुपया के नाया शुल्क जोड़ल गईल बा।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]