Australia: 2025 तक दोसर देस से आवे वाला छात्रन के संख्या पs लगाम लगाई ऑस्ट्रेलिया; जानीं भारत पs का होई

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 28, 2024

ऑस्ट्रेलिया 2025 सत्र खातिर अपना इहां आवे वाला अंतरराष्ट्रीय छात्रन के संख्या के सीमित करे के फैसला कइल गइल बा। एह वजह से बढ़त प्रवासन के बतावल जा रहल बा। दरअसल, ऑस्ट्रेलिया के पिछला कइयन

Share

ऑस्ट्रेलिया 2025 सत्र खातिर अपना इहां आवे वाला अंतरराष्ट्रीय छात्रन के संख्या के सीमित करे के फैसला कइल गइल बा। एह वजह से बढ़त प्रवासन के बतावल जा रहल बा। दरअसल, ऑस्ट्रेलिया के पिछला कइयन बरिसन में बाहर से आवे वालन के तादाद रिकॉर्ड स्तर पs बढ़ल बा। एह चलते इहां घरन के किराया आसमान छू रहल बा।

ऑस्ट्रेलिया के शिक्षा मंत्री जेसन क्लेयर बतवलें कि हमनी के जवना पाठ्यक्रमन खातिर छात्रन के संख्या के सीमित करे जा रहल बानी सs, ओमे उच्च शिक्षा के संगे-संगे बेवसायिक शिक्षा आ प्रशिक्षण पाठ्यक्रम सामिल बा। एह कदम से बिदेस में उच्च शिक्षा खातिर जाये के उम्मीद रखे वाला भारतीय छात्रन पs बहुत असर पड़ी। सबसे जादे असर पंजाब के छात्रन पs पड़ सकत बा। अइसन एहसे काहेकि ऑस्ट्रेलिया में पढ़ें वाला भारतीय छात्रन में जादेतर पंजाब के हs लो।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.