[the_ad_group id="30365"]

Maharashtra: मतदान खत्म होखला के बाद RSS मुख्यालय पहुंचलें भाजपा नेता फडणवीस, संघ प्रमुख मोहन भागवत से कइलें मुलाकात

देवेंद्र फडणवीस - फोटो : PTI
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

महाराष्ट्र में विधानसभा चुनाव के लेके मतदान खत्म होखला के बाद डिप्टी सीएम देवेंद्र फडणवीस नागपुर इस्थित आरएसएस मुख्यालय पहुंचल लो। इहां ऊ संघ प्रमुख मोहन भागवत आ पूर्व महासचिव भैयाजी जोशी से मुलाकात कइलें।

बतावल जा रहल बा कि फडणवीस करीब 15-20 मिनट संघ मुख्यालय में रहलें। सूत्र बतावत बा कि ऊ अहम मुद्दन पs संघ प्रमुख से चरचा कइलें। एकरा पहिले दिन में फडणवीस अपना परिवार के सदस्यन के संगे पश्चिमी नागपुर में आपन वोट डललें।

फडणवीस के चाह- भाजपा के मिली सबसे जादे सीट

फडणवीस नागपुर दक्षिण पश्चिम सीट से एक बेर फेर चुनाव मैदान में बा। बतावल जात बा कि आरएसएस विधानसभा चुनाव से पहिले राज्य में भाजपा के नेतृत्व वाला गठबंधन के पक्ष में जनमत तइयार करे खातिर एगो व्यापक आउटरीच कार्यक्रम सुरू कइले रहे।

फडणवीस एहिसे से कड़ा मेहनत कs रहल बाड़ें कि विधानसभा चुनावन में भाजपा के पक्ष में लहर बने आ 2024 के लोकसभा चुनावन में ओकरा निराशाजनक प्रदर्शन के पलट दीं। महाराष्ट्र में सत्तारूढ़ महायुति में भाजपा, शिवसेना आ एनसीपी अजित गुट सामिल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]