आज कइसन बा दिल्ली के हवा, का बा प्रदूषण के स्तर?

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 21, 2024

  दिल्ली में हवा के गुणवत्ता के स्तर पछिला कुछ दिन के मुक़ाबले आज तनिका बेहतर बा, बाकिर एs इलाका के एक्यूआई अबो बहुत खराब श्रेणी में बा। आज बियफ़ें के सबेरे राजधानी दिल्ली के

Share

Delhi Pollution

 

दिल्ली में हवा के गुणवत्ता के स्तर पछिला कुछ दिन के मुक़ाबले आज तनिका बेहतर बा, बाकिर एs इलाका के एक्यूआई अबो बहुत खराब श्रेणी में बा। आज बियफ़ें के सबेरे राजधानी दिल्ली के एक्यूआई 381 बा। दिल्ली के कई इलाका में अबहियो एक्यूआई 400 से ऊपर बा. दिल्ली के आनंद विहार में एक्यूआई 400 से आगे बा, गंभीर स्तर पs बा। एही तरे अलीपुर अवुरी बवाना में द्वारका में भी एक्यूआई 400 से आगे बा। आजु धुंध में कुछ सुधार देखल गइल बा.

दिल्ली के विभिन्न इलाकन के AQI

अलीपुर, दिल्ली – डीपीसीसी- 408

आनंद विहार, दिल्ली – डीपीसीसी- 405

अशोक विहार, दिल्ली – डीपीसीसी- 414

आया नगर, दिल्ली – आईएमडी- 359

बवाना, दिल्ली – डीपीसीसी- 418

चांदनी चौक, दिल्ली – आईआईटीएम- 339

सीआरआरआई मथुरा रोड, दिल्ली – आईएमडी- 343

डॉ कर्णी सिंह शूटिंग रेंज- 368

डीटीयू, दिल्ली – सीपीसीबी- 360

द्वारका-सेक्टर 8, दिल्ली – डीपीसीसी- 401

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.