[the_ad_group id="30365"]

यूपी: प्रदेश के ई जिला में आज भारी बारिश के अलर्ट, जानी आज के मौसम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

UP weather: बुधवार के राज्य के कई जिला में भारी बरखा हो सकता। मंगलवार के भी राज्य के अलगा-अलगा हिस्सा में  बरखा रिकॉर्ड भइल।

राज्य के दक्षिणी भाग में बुधवार के भी अच्छा बारिश के संभावना बा। मौसम विभाग के मुताबिक अलगा-अलगा इलाका में हल्का से मध्यम बरखा जारी रही। मंगल के दिने राज्य के विभिन्न इलाका में बढ़िया बरखा भइल। वरिष्ठ मौसम वैज्ञानिक अतुल कुमार सिंह के मुताबिक बुधवार के प्रयागराज, प्रतापगढ़, वाराणसी, जौनपुर, गाजीपुर, संतरविदासनगर, सुल्तानपुर अवुरी आसपास के इलाका में भारी बरखा के संभावना बा।

मंगलवार के गाजीपुर में 46.2 mm, प्रयागराज में 36.5 mm, ओराई में 27 mm, चुरक में 16.8 mm, फुरसतगंज में 12.6 mm, सुल्तानपुर में 10 mm, वाराणसी में 8.6 mm, हमीरपुर में 5 mm आ बलिया में 3.2 mm बरखा दर्ज भइल ।जबकि राज्य के अधिकतम तापमान के बात कइल जाए तs नजीबाबाद के तापमान 35.2 डिग्री सेल्सियस रहे। बस्ती में 35 डिग्री सेल्सियस आ लखीमपुर खेरी में 34.6 डिग्री सेल्सियस दर्ज भइल ।

न्यूनतम तापमान के बात कइल जाए तs सबसे कम तापमान झांसी में 22.7 डिग्री सेल्सियस, मेरठ में 22.9 डिग्री सेल्सियस आ गाजीपुर में 23 डिग्री सेल्सियस रहल।

राजधानी में आजो बादल छाइल रही आ बरखा होखे के संभावना बा।

मंगलवार के राजधानी में दिन भर आसमान बादल छाइल रहे आ सांझ के समय अलग-अलग जगह पs गरज के बिजली के संगे बरखा भइल। एहसे नमी से राहत मिलल। तापमान में मामूली गिरावट के चलते मौसम सुखद हो गइल। मौसम विभाग के मुताबिक बुधवार के भी लखनऊ में हल्का से मध्यम बरखा के संभावना बा। लखनऊ में मंगलवार के शाम 5:30 बजे तक 0.5 mm बरखा दर्ज भइल। मंगल के दिने दिन के तापमान 34 डिग्री सेल्सियस रहल आ 0.7 डिग्री के मामूली गिरावट आइल। एकरा संगे रात के तापमान 27 डिग्री सेल्सियस दर्ज भइल जवना में 0.2 डिग्री के बढ़ोतरी भइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]