Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

UP: पूर्व विधायक असलम चौधरी गिरफ्तार… एह मामिला में कसा इल शिकंजा ; बसपा से जीत गइल आ फेर सपा में शामिल भइल

104
Google Ads 300*250 for posts

धौलाना के विधायक रहल असलम चौधरी के पुलिस गिरफ्तार कर लिहले बिया। 23 अगस्त के कोर्ट गैर जमानत वारंट जारी कइले रहे। पुलिस के कहनाम बा कि गिरफ्तारी उत्तराखंड के रुड़की से भइल बा।

 जान लीं कि पूरा बात का बा

धौलाना गाजियाबाद के विधायक रहल असलम चौधरी के पुलिस गिरफ्तार कर लिहले बिया । मामिला जमीन पs कब्जा कs के दु करोड़ के रंगदारी के पईसा मांगे के बा। 23 अगस्त के सांसद/विधायक अदालत असलम चौधरी आ ओकर दुनो सहयोगी जुनैद टाटा आ जुबैर टाटा के खिलाफ गैर जमानत वारंट जारी कइले रहे। तब से पुलिस ओकर खोज में लागल रहे।

पुलिस के कहनाम बा कि गिरफ्तारी उत्तराखंड के रुड़की से भइल बा। ओकरा के ओहिजा से ले आवल जाई आ सोमार के दिने गाजियाबाद के कोर्ट में पेश कइल जाई। ई मामला 6 जुलाई 2023 के बा। एकर रिपोर्ट मसूरी थाना में यामीन उर्फ राजा दीवान दर्ज करवले।

यामीन के आरोप बा कि असलम चौधरी, ओकर बेटा शाहनवाज आ कुछ लोग उनका पैतृक जमीन पs कब्जा करे के कोशिश कइलख। ऊ लोग 2 करोड़ रुपया के रंगदारी के पईसा के मांग कइले। 3 अक्टूबर 2023 के यामीन के ओर से दर्ज ए मामिला के प्राथमिकी में कहल गइल कि जब ऊ पुलिस के फोन कइले तs पूर्व विधायक अपना सहयोगी के संगे भाग गइल।

भागत घरी ऊ धमकी देले रहे कि हम ओ लोग के मार देब आ लाश के गंगा नदी में फेंक देब। जब पुलिस मामला के जांच कइलस तs पूर्व विधायक ए जमीन के आपन घोषित कs देलख। यामीन कहले कि असलम कहत रहे कि या तs जमीन खाली कर दs या दू करोड़ रुपया दs।

पुलिस के जांच में पूर्व विधायक आ ओकर सहयोगी के खिलाफ भइल ए घटना के सबूत मिलल। एकरा पs कोर्ट में आरोप पत्र दायर भइल। एसीपी मसूरी नरेश कुमार बतवले कि अउरी आरोपी के तलाश जारी बा। ओहनी के भी जल्दिए गिरफ्तार क लिहल जाई।

बसपा से जीत गइल, फेर सपा में शामिल भइल

असलम चौधरी 2017 में बसपा के टिकट पs चुनाव जीत के धौलाना से विधायक बनल। बाद में ऊ समाजवादी पार्टी में शामिल हो गइल। साल 2022 के चुनाव सिर्फ सपा के टिकट पs लड़ल गइल रहे। एहमें ऊ हार गइल। ओकरा के भाजपा के धर्मेश तोमर से हरा दिहलन। धर्मेश के 1.24 लाख वोट आ असलम के 1.11 लाख वोट मिलल।

ओकर पत्नी नसीम बेगम गाजियाबाद के वार्ड नंबर 10 से जिला पंचायत सदस्य बाड़ी। सपा के ओर से नसीमा के जिला पंचायत अध्यक्ष पद के उम्मीदवार घोषित कइल गइल बाकी भाजपा के ममता त्यागी ए चुनाव में निर्विरोध जीत गइली।

जमीन हड़प के मामला में सजा दिहल गइल बा

असलम चौधरी के खिलाफ कुल 12 मामला दर्ज बा। एहमें जमीन हड़पे, मारपीट, धमकी, रंगदारी आ हत्या के हमला के मामिला शामिल बा। ओकरा के 2 मार्च 2023 के जमीन हड़प के मामला में भी सजा सुनावल गइल बा। मसूरी के ई मामला 17 साल के बा।

मामला में मुख्य गवाह के बयान में बदलाव कइला के बावजूद अदालत असलम चौधरी समेत चार दोषी के 6 महीना के जेल के सजा सुनवले रहे। अपर मुख्य न्यायिक मजिस्ट्रेट रविशंकर गुप्ता भी चारों दोषी पs 10,500 रुपया के जुर्माना लगवले रहले। मामला लैक अहमद के ओर से दर्ज करावल गइल।

लैक अहमद बीमारी के चलते चले में असमर्थ बाड़े। उनकर दुनु बेटा देखे-सुने में असमर्थ बाड़े। एकर फायदा उठावत असलम चौधरी, हाजी निजाम, शाहिद अली आ मुजम्मिल उनकर जमीन पर कब्जा क के बेचल चाहत रहे।

पुलिस केस दर्ज क के कोर्ट में आरोप पत्र दायर कs देलस। ए मामिला के मुख्य गवाह वादी लैक अहमद के बेटी आपन बयान बदल देले रहली।

 

939990cookie-checkUP: पूर्व विधायक असलम चौधरी गिरफ्तार… एह मामिला में कसा इल शिकंजा ; बसपा से जीत गइल आ फेर सपा में शामिल भइल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.