[the_ad_group id="30365"]

मोबाइल बंद, गाड़ी के तेल खतम, सऊदी के तपत रेगिस्तान में भटकल दु गो दोस्त के दर्दनाक मउत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सऊदी अरब के रेगिस्तान में भूख-प्यास से जूझत तेलंगाना के एगो युवक आ ओकर सूडानी साथी के मउत हो गइल.  तेलंगाना के 27 साल के शहजाद सऊदी अरब के रुब अल खाली रेगिस्तान में फंसल रहले. करीमनगर निवासी मोहम्मद शहजाद खान, जे सऊदी अरब के एगो दूरसंचार कंपनी में 3 साल ले काम करत रहले, उs अपना साथी के संगे उजड़ अवुरी खतरनाक रुब-अल-खाली रेगिस्तान में फंस गईले। ई रेगिस्तान दुनिया के सबसे खतरनाक इलाका में से एगो हs। 650 किलोमीटर से अधिका दूरी पs फइलल रब अल खाली अपना दुर्गम इलाका खातिर जानल जाला जहाँ सर्वाइल अपने आप में एगो बड़हन चुनौती बा.

जीपीएस फेल हो गईल, बाइक में तेल खतम हो गईल…

जीपीएस सिग्नल फेल होखला के बाद दुनिया के सबसे खतरनाक जगह में से एगो रूब-अल-खाली में मोहम्मद शेहजाद खान (27 साल) फंस गईल रहले। शेहजाद, सुडान के एगो दोस्त के संगे ओ इलाका से गुजरत रहले। जीपीएस फेल होखला के कुछ समय बाद उनुका बाइक के तेल खतम हो गईल अवुरी मोबाइल के बैटरी भी खतम हो गईल, जवना के चलते उs केहु से मदद ना मांग पवले। नतीजा ई भइल कि दुनु जने रेगिस्तान के तपत गर्मी में बिना खाना-पानी के फंसल रह गइलें. हालांकि दुनो लोग एतना जादा तापमान में जिए खातीर बहुत संघर्ष कईले, बाकिर प्यास अवुरी थकान के चलते दुनो लोग ना जिंदा रह पवले। चार दिन बाद बियफ़ें के शहजाद अवुरी उनुकर साथी के लाश बालू के टीला में उनुका गाड़ी के बगल में पड़ल मिलल।

रुब-अल खाली बेहद दुर्लभ इलाका

रुब-अल खाली के भी दुनिया के सबसे दुर्लभ जगहन में गिनल जाला। एही से एकरा के खाली रेगिस्तान भी कहल जाला। जवन अरब रेगिस्तान के सभसे बड़ हिस्सा हवे, ई सऊदी अरब के कुल क्षेत्रफल के एक चौथाई हिस्सा हवे। रुब-अल खाली 650 किलोमीटर के लमहर दूरी पs फइलल बा। ई सऊदी अरब के दक्खिनी हिस्सा आ ओमान, यूएई आ यमन नियर पड़ोसी देस सभ में बिस्तार लिहले बा। रुब-अल खाली दुनिया के सबसे सूखा इलाका में से एगो हs। एह रेगिस्तान में बालू के नीचे पेट्रोलियम के भी बहुत बड़ भंडार बा। साल 1948 में एह रेगिस्तान के उत्तर-पूरुब इलाका में अल-गवार में दुनिया के सभसे बड़ तेल के भंडार मिलल।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]