[the_ad_group id="30365"]

एमएस धोनी के हाई कोर्ट भेजलस नोटिस,एह मामिला में पेश होले के आदेश

MS Dhoni
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

झारखंड हाईकोर्ट मंगल के दिने भारतीय क्रिकेट टीम के कप्तान रहल महेन्द्र सिंह धोनी के नोटिस जारी कइलस. धोनी के पूर्व साथी मिहिर दिवाकर अवुरी सौम्या दास के ओर से दर्ज मामला में हाईकोर्ट धोनी के नोटिस भेजले बिया। कोर्ट धोनी के एs मामला में कोर्ट में आके आपन रुख साफ करे के आदेश देले बिया। बतावल जाता कि ई पूरा केस का हs आ एमएस धोनी एकरा से कइसे जुड़ल बाड़.

पूरा बात का बा?

जानकारी के मुताबिक मिहिर दिवाकर अवुरी सौम्या दास ‘आरका स्पोर्ट्स एंड मैनेजमेंट लिमिटेड’ के निदेशक हवे। दुनु जने महेन्द्र सिंह धोनी से उनुका नाम पs क्रिकेट अकादमी खोले के समझौता कइले रहले. हालांकि कुछ समय बाद एमएस धोनी मिहिर दिवाकर अवुरी सौम्या दास पs धोखाधड़ी के आरोप लगवले। धोनी 5 जनवरी के झारखंड के राजधानी रांची में उनुका खिलाफ आपराधिक शिकायत दर्ज करवले रहले।

15 करोड़ के धोखाधड़ी- धोनी

आपराधिक शिकायत में महेंद्र सिंह धोनी आरोप लगवले बाड़न कि उनुका से 15 करोड़ रुपिया के धोखाधड़ी भइल बा. धोनी के दावा बा कि साल 2021 में उs अकादमी के समझौता के अधिकार रद्द कs देले रहले। बाकिर एकरा बाद भी उनकर नाम मिहिर दिवाकर आ सौम्या दास के ओर से चलत रहल। एकरा बाद रांची के एगो न्यायिक मजिस्ट्रेट के कोर्ट से दिवाकर अवुरी दास के खिलाफ संज्ञान लिहल गईल। हालांकि एs मामला में दुनो लोग झारखंड हाईकोर्ट में संपर्क कईले। अब हाईकोर्ट एह मामिला में धोनी के कोर्ट में हाजिर होखे के आदेश दिहले बा.

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]