Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Coal इंडिया के निवेशकन खातिर खुशखबरी, कंपनी हर शेयर पs दीही 50% के डिविडेंड, रिकॉर्ड डेट के ऐलान

213
Google Ads 300*250 for posts

पिछला एक साल में कोल इंडिया के शेयर में निवेशकन के निवेश दुगुना हो गइल बा। अब कंपनी अपना निवेशकन खातिर वित्तीय साल 2023-24 के अंतिम लाभांश के एलान कइले बिया।

पब्लिक सेक्टर अंडरटेकिंग (पीएसयू) कोल इंडिया अपना निवेशकन के शेयर के फेस वैल्यू के 50 प्रतिशत यानी 5 रुपया लाभांश के रूप में देवे वाला बिया । कंपनी के शेयर के फेस वैल्यू 10 रुपया बा। कंपनी वित्तीय वर्ष 2023-24 के अंतिम लाभांश दिही। एकरा खातिर रिकार्ड डेट के एलान कर दिहल गइल बा। कोल इंडिया लाभांश के रिकार्ड डेट 16 अगस्त 2024 के तय कइले बा। 2 मई के कंपनी के बोर्ड ए लाभांश के सिफारिश कइले रहे। अब अगिला एजीएम में एह लाभांश के मंजूरी मिले के उमेद बा।

जे नइखे जानत ओकरा खातिर बता दीं कि रिकार्ड डेट के दिन कवनो कंपनी के अपना शेयरधारकन के लिस्ट देखे के मिलेला। एकरा से एक दिन पहिले के एक्स डिविडेंड डेट बा। जे केहू एक्स डिविडेंड डेट से पहिले कंपनी के शेयर खरीदेला ऊ लाभांश के फायदा उठावे के पात्र हो जाला।

कंपनी के कोयला के उत्पादन बढ़ गइल

कोल इंडिया लिमिटेड (सीआईएल) 14 साल में पहिला बेर भूमिगत कोयला उत्पादन में गिरावट के रुझान के उलट दिहलस। कंपनी कहलस कि वित्तीय वर्ष 2023-24 में उत्पादन 260.21 लाख टन रहल जवन कि पिछला वित्तीय साल में 254.87 लाख टन से 2.10 प्रतिशत अधिका बा। कंपनी के चेयरमैन पीएम प्रसाद अपना ताजा वार्षिक रिपोर्ट में शेयरधारकन के ई जानकारी दिहले बाड़न। अधिकारी बतवले कि आधुनिक तकनीक आ उपकरण उत्पादन में घटत रुझान के उलट देवे में मदद कइले बा। सीआईएल बड़े पैमाने पर उत्पादन तकनीक के इस्तेमाल से भूमिगत मशीनीकरण के बढ़ावा दिहलस।

शेयर के प्रदर्शन 

जदी कोल इंडिया के शेयर के प्रदर्शन देखल जाव तs बियफे के दिने बीएसई पर ई शेयर 3.54 फीसदी के बढ़ोतरी के संगे 509.45 रुपिया पs बंद भइल। पिछला एक महीना में कंपनी के शेयर में 9 प्रतिशत के बढ़ोतरी भइल बा। एकरा संगे-संगे कोल इंडिया के शेयर 6 महीना में 24 प्रतिशत के रिटर्न देले बा। पिछला एक साल में कंपनी के शेयर में 122 फीसदी के रिटर्न मिलल बा जवना से निवेशकन के पइसा दुगुना हो गइल बा।

909930cookie-checkCoal इंडिया के निवेशकन खातिर खुशखबरी, कंपनी हर शेयर पs दीही 50% के डिविडेंड, रिकॉर्ड डेट के ऐलान

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.