Makar Sankranti 2025: गोरखनाथ बाबा के खिचड़ी चढ़ावे अइहें नेपाल के पूर्व नरेश

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 30, 2025

गोरखपुर : नेपाल के पूर्व नरेश ज्ञानेंद्र विक्रम शाह, पत्नी के संगे गुरु गोरखनाथ के खिचड़ी चढ़ावे अइहें। उनकर आवे के कार्यक्रम 31 जनवरी के प्रस्तावित बा। एही दिन मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के आवहू के

Share

गुरू गोरक्षनाथ

गोरखपुर : नेपाल के पूर्व नरेश ज्ञानेंद्र विक्रम शाह, पत्नी के संगे गुरु गोरखनाथ के खिचड़ी चढ़ावे अइहें। उनकर आवे के कार्यक्रम 31 जनवरी के प्रस्तावित बा। एही दिन मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के आवहू के कार्यक्रमो तय बा। मुख्यमंत्री आ नेपाल के पूर्व नरेश के बीच मुलाकात संभव बा। प्रस्तावित कार्यक्रम के लेके तइयारी सुरू हो गइल बा।

मकर संक्रांति के दिन हर साल नेपाल के पूर्व नरेश के इहां से खिचड़ी आवेला। नेपाल के राजपुरोहित एह खिचड़ी के लेके गोरखपुर आवेलें। एकरा के गोरक्षपीठाधीश्वर चढ़ावेलें। 14 जनवरी के नेपाल से आइल खिचड़ी चढ़ावल गइल रहे। नेपाल के सुख-शांति खातिर गोरक्षपीठ से विशेष प्रसाद भेजल गइल रहे।

अब नेपाल के पूर्व नरेश ज्ञानेंद्र विक्रम शाह के गोरखपुर आगमन पहिला बेर हो रहल बा। सूत्रन के मानल जाव तs ऊ 31 जनवरी के गोरखनाथ मंदिर अइहें आ गुरु गोरखनाथ के दर्शन-पूजन करिहें आ खिचड़ी चढ़इहें। ऊ मंदिर में प्रवास करिहें भा ना अभी एकर जानकारी नइखे मिल सकल। ओने, मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ 31 जनवरी के आ सकते बा। ओकर कार्यक्रम लगभग तय बा। मुख्यमंत्री खोराबार इस्थित कल्याण मंडपम के उद्घाटन कs सकत बा।

Read Also: 30 जनवरी 2025 के राशिफल

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.