Maha Kumbh Stampede: डीजीपी आ चीफ सेक्रेटरी प्रयागराज रवाना, महाकुंभ मेला क्षेत्र के ली लो जायजा

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 30, 2025

लखनऊ : महाकुंभ में मचल भगदड़ के बाद 30 लोगन के मौत हो गइल, जबकि 50 से जादे लोग घायल हो गइल। काल्ह भइल एह दुखद हादसा के बाद आज यूपी डीजीपी प्रशांत कुमार आ

Share

Maha Kumbh Stampede: डीजीपी आ चीफ सेक्रेटरी प्रयागराज रवाना, महाकुंभ मेला क्षेत्र के ली लो जायजा

लखनऊ : महाकुंभ में मचल भगदड़ के बाद 30 लोगन के मौत हो गइल, जबकि 50 से जादे लोग घायल हो गइल। काल्ह भइल एह दुखद हादसा के बाद आज यूपी डीजीपी प्रशांत कुमार आ चीफ सेक्रेटरी प्रयागराज जा रहल बा लाे। दुनो अधिकारी कुंभ मेला क्षेत्र के जायजा ली लो। एह दौरान डीजीपी पुलिस अधिकारियन के संगे एगो मीटिंगो करिहें।

दरअसल, हादसा के बाद सीएम योगी आदित्यनाथ बेवस्थन के समीक्षा कइलें आ अधिकारियन के तैनाती कइला के संगही नया निरदेस जारी कइलें। एह क्रम में प्रयागराज महाकुंभ में संगम तट पs भइल भगदड़ आ श्रद्धालुअन के मौतन के बाद प्रशासन सख्त कदम उठावत कइयन गो बड़ बदलाव कइले बा। अब पूरा मेला क्षेत्र नो-व्हीकल जोन घोषित कs दिहल गइल बा। VVIP पास रद्द कs दिहल गइल बा। कुंभ मेला के रास्ता वन-वे कइल गइल बा। प्रयागराज से सटल जिलन से आवे वाला वाहनन के जिला के सीमा पs रोकल जा रहल बा। आवे वाला चार फरवरी तक सख्त प्रतिबंध जारी रही।

सीएम योगी कुंभ-2019 के दौरान प्रयागराज के संभागीय आयुक्त के रूप में काम करे वाला आशीष गोयल आ एडीए के पूर्व उपाध्यक्ष भानु गोस्वामी के बेवस्थन के आउर मजबूत करे खातिर तैनात करे के आदेस दिहल गइल बा। सीएम मुख्य सचिव आ पुलिस महानिदेशक से महाकुंभ मेला बेवस्थन के गहन समीक्षा करे के कहलें बाड़ें। ऊ कहलें कि बसंत पंचमी खातिर निर्बाध बेवस्था बनावे खातिर हर पहलू के जांच कइल जाये के चाहीं। प्रयागराज के मवजूदा एडीजी आ डीएम श्रद्धालुअन के सुविधन के ध्यान रखे लो।

सीएम योगी के निरदेस के बाद आज डीजीपी आ चीफ सेक्रेटरी लखनऊ से प्रयागराज पहुंच रहल बा लो। ओहिजा, बुध के तड़के मचल भगदड़ के बाद सीएम प्रयागराज, कौशांबी, वाराणसी, अयोध्या, मिर्जापुर, बस्ती, जौनपुर, चित्रकूट, बांदा, अंबेडकरनगर, प्रतापगढ़, संत कबीर नगर, भदोही, रायबरेली आ गोरखपुर सहित कइयन जिलन के वरिष्ठ पुलिस अधिकारियन आ अफसरन के संगे देर रात वीडियो कॉन्फ्रेंसिंग के माध्यम से बात कइलें। प्रयागराज के एडीजी आ जिला मजिस्ट्रेट से अपडेट के समीक्षा कइला के बाद सीएम मेला क्षेत्र में सतर्कता आ सावधानी बढ़ावे पs जोर देलें। सीएम अयोध्या, वाराणसी, मिर्जापुर आ चित्रकूट के अधिकारियन से आवे वाला श्रद्धालुअन खातिर सुरक्षा आ क्राउड मैनेजमेंट के बारे में अपडेटो मंगलें।

Read Also: Maha Kumbh Stampede: महाकुंभ भगदड़ में महिला सहित गोरखपुर के दु के मौत

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.