Bihar News: जेके सीमेंट बिहार के सैकड़न लोगन के दिही रोजगार

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 8, 2024

जेके सीमेंट कंपनी बिहार के बक्सर जिला के ब्रह्मपुर प्रखंड के कांट गांव में आपन प्लांट लगाई। एह मामला में जमीन खरीदे के काम पूरा हो चुकल बा आ बिहार सरकार एनओसीयो देले बिया। अगर

Share

जेके सीमेंट कंपनी बिहार के बक्सर जिला के ब्रह्मपुर प्रखंड के कांट गांव में आपन प्लांट लगाई। एह मामला में जमीन खरीदे के काम पूरा हो चुकल बा आ बिहार सरकार एनओसीयो देले बिया। अगर सबकुछ ठीक से चलल तऽ 2025 के अंत तक एह फैक्ट्री से उत्पादन शुरू हो जाई। इ 44वां स्थान होई जहवां जेके सीमेंट के फैक्ट्री लगावल जाई। एह प्लांट के सालाना उत्पादन क्षमता करीब तीस लाख टन होखी। एह कारखाना से करीब 250 लोग के रोजगार मिली।

अनुमान बा कि एह कारखाना पऽ 588 करोड़ रुपिया खरच होखी।

एह संबंध में उप विकास आयुक्त डॉ. महेन्द्र पाल बतवले कि कंपनी के अधिकारी के संगे कई बेर प्रशासनिक बइठक कऽ के बाधा दूर भइल। उऽ बतवले कि जेके ग्रुप के कंपनी जेके सीमेंट ब्रह्मपुर के कांट अउरी रधुनाथपुर के बीच दक्षिणी छोर पऽ 65 एकड़ के प्लाट पऽ आपन फैक्ट्री बनाई। इहाँ ग्रे सीमेंट बनावे के योजना बा। एकर कुल लागत 588 करोड़ रुपया के अनुमान बा।

कंपनी सड़क से अस्पताल तक बनाई

जेके सीमेंट कंपनी के करीब 33 प्रतिशत जमीन पऽ ग्रीन बेल्ट बनावल जाई जवन कि 25 हेक्टेयर के क्षेत्र में स्थापित होई। एह प्लांट से करीब 250 लोग के सीधा रोजगार मिली। संगही, दु प्रतिशत सीएसआर फंड बगल के गांव के विकास खातिर खर्च होई। एकरा संगे-संगे कंपनी सड़क से लेके अस्पताल तक के निर्माण करी, ताकि एह इलाका के लोग के एकर फायदा मिल सके। आवे वाला जेके सीमेंट फैक्ट्री के पावर प्रेजेंटेशन तइयार बा। कंपनी बिहार सरकार से 20 मेगावाट बिजली खरीदी, जबकि 490 लीटर पानियो के इस्तेमाल करी।

अगिला साल दिसंबर ले एकर उत्पादन शुरू हो जाई

कंपनी के एनवायरमेंट एचओडी भीष्कर सिंह रावत आ निष्कर्ष प्रमुख महेंद्र गिरी बतवले कि जेके ग्रुप के कंपनी जेके सीमेंट बिहार में पहिला सीमेंट फैक्ट्री बनावे जा रहल बिया। इ कारखाना ब्रह्मपुर प्रखंड के कांट में होई। एह फैक्ट्री में ग्रे सीमेंट बनावे के योजना बा। इ सीमेंट पीस के इकाई होई, जवना खातिर मध्य प्रदेश के पन्ना प्लांट से क्लिंकर ले आवल जाई। बक्सर प्लांट के क्षमता सालाना 30 लाख टन होई। कंपनी ए फैक्ट्री के स्थापना खातिर करीब 65 एकड़ जमीन खरीदले बिया। अगिला साल दिसंबर ले एहिजा से उत्पादन शुरू करे के योजना बा।

जेके सीमेंट

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.