Maha Kumbh Stampede: महाकुंभ भगदड़ में महिला सहित गोरखपुर के दु के मौत

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 30, 2025

गोरखपुर : महाकुंभ में प्रयागराज मंगर के देर रात भइल भगदड़ में 30 लोगन के मौत हो गइल। एमे गोरखपुर के दो लोगन के मौत के खबर बा। ई दुनो लोग अमावस्या के दिन अमृत

Share

Maha Kumbh Stampede: महाकुंभ भगदड़ में महिला सहित गोरखपुर के दु के मौत

गोरखपुर : महाकुंभ में प्रयागराज मंगर के देर रात भइल भगदड़ में 30 लोगन के मौत हो गइल। एमे गोरखपुर के दो लोगन के मौत के खबर बा। ई दुनो लोग अमावस्या के दिन अमृत स्नान के हिस्सा बने गइल रहे। एमे एगो महिलाे सामिल बाड़ी। मिलल जानकारी के अनुसार देर रात महाकुंभ परिसर में भगदड़ के दौरान दुनो लोग चपेट में आ गइल रहे।

मृतकन के पहचान खजनी थानाक्षेत्र के उनवल के नगीना देवी (61) आ वार्ड नंबर चार के पन्ने निषाद (61) के रूप में भइल बा। उनवल इलाका से एगो बोलेरो के बुक कs के 10 लोग कुंभ स्नान करे गइल रहे लो। सूचना के बाद मृतकन के परिजन प्रयागराज रवाना हो गइल लो।

Read Also: Makar Sankranti 2025: गोरखनाथ बाबा के खिचड़ी चढ़ावे अइहें नेपाल के पूर्व नरेश

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.