[the_ad_group id="30365"]

Patna Bank Loot News: पंजाब नेशनल बैंक में दिनदहाड़े डकैती, पटना के एह शाखा में भइल बड़का कांड! पुलिस पहुंचल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पटना न्यूज : जानकारी के मुताबिक सोमवार के पटना से सटल पालीगंज के दुल्हिनबाजार थाना क्षेत्र के कोरैया में स्थित पंजाब नेशनल बैंक के शाखा में अपराधी दिन दहाड़े बैंक में लूटपाट कइले। घटना के जानकारी मिलला के बाद दुल्हिनबाजार पुलिस मौका पs पहुंचल आ जांच में जुटल बिया।

फिलहाल बिहार के राजधानी पटना से बड़ खबर आवता, जहां पंजाब नेशनल बैंक में लूटपाट भइल बा। मिलल जानकारी के मुताबिक सोमवार के पटना से सटल पालीगंज के दुल्हिनबाजार थाना क्षेत्र के कोरैया में स्थित पंजाब नेशनल बैंक के शाखा में अपराधी दिनदहाड़े बैंक में लूटपाट कइले। घटना के जानकारी मिलला के बाद दुल्हिनबाजार पुलिस मौका पs पहुंचल आ जांच में जुटल बिया। बतावल जाता कि पंजाब नेशनल बैंक से करीब 21 लाख रुपया के लूटपाट भइल बा।

घटना के बाद पुलिस मौका पs पहुंच के बैंक डकैती के जांच शुरू कs देलस। बतावल जाता कि बैंक डकैती के ई बड़ घटना पालीगंज के दुल्हिनबाजार थाना क्षेत्र के कोरैया में स्थित पंजाब नेशनल बैंक के शाखा में सोमवार के बैंक खुलला के ठीक बाद भइल। फिलहाल पुलिस बैंक डकैती के मामला के अलग-अलग एंगल से जांच करतिया।

बता दीं कि हाल के समय में बिहार में डकैती के घटना में काफी बढ़ोतरी भइल बा। रोज कवनो ना कवनो बैंक, गहना के दोकान, मकान, सीएसपी सेंटर, पेट्रोल पंप में बड़का डकैती के घटना देखे के मिलेला। पिछला हफ्ता बिहार के पूर्णिया जिला में तनिष्क गहना के दुकान से तीन करोड़ रुपिया के सोना लूट लिहल गइल रहे।

अभी दु दिन पहिले गया में अपराधी एयरटेल कार्यालय में एगो कर्मचारी के गोली मार के करीब 14.5 लाख रुपया लूटले रहले। 15 जून के अररा के गजराजगंज थाना के चौकीपुर पासवान चौक पs ग्रामीण बैंक के सीएसपी से एक लाख बीस हजार रुपया के डकैती के घटना भइल रहे आ 8 जुलाई के सीएसपी से 3 लाख रुपया के लूट के घटना भइल रहे जगदीशपुर थाना क्षेत्र के कौरा स्टेट बैंक के।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]