Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

पटना-आसनसोल आ गोरखपुर-देवघर सहित 3 नया ट्रेनन के होई परिचालन, जान लीं रूट आ टाइमिंग

115
Google Ads 300*250 for posts

श्रावणी मेला के अवसर पs श्रद्धालुअन के सुविधा खातिर रेलवे के ओर से तीन जोड़ी ट्रेन चलावे के निर्णय लिहल गइल बा। रेलवे के ओर से पटना-आसनसोल, सियालदह-बनारस आ गोरखपुर-देवघर के बीच श्रावणी मेला स्पेशल ट्रेन चलावे के निर्णय लिहल गइल बा।

संगही मेला अवधि के दौरान जसीडीह स्टेशन पs कुछ ट्रेनन के छोड़के कइयन ट्रेनन के ठहराव अवधि बढ़ा दिहल गइल बा। इहां पs अधिकांश ट्रेनन के ठहराव मेला अवधि खातिर कम से कम पांच मिनट ठहराव होई। एकरा अलावे, एक जोड़ी ट्रेनन के दु मिनट ठहराव प्रदान कइल जा रहल बा।

आसनसोल-पटना श्रावणी मेला स्पेशल ट्रेन

रेलवे के ओर से आसनसोल-पटना श्रावणी मेला स्पेशल ट्रेन हफ्ता में दु दिन चलावल जाई। एह ट्रेन के पटना आ आसनसोल के बीच चलावे के निर्णय लिहल गइल बा। एह ट्रेन के परिचालन 22 जुलाई से 20 अगस्त तक कइल जाई। ओहिजा, आसनसोल-पटना श्रावणी मेला स्पेशल ट्रेन के परिचालन सप्ताह में तीन दिन कइल जाई। ई ट्रेन 23 जुलाई से 18 अगस्त तक चलावल जाई।

सियालदह-बनारस श्रावणी मेला स्पेशल ट्रेन

सियालदह-बनारस श्रावणी मेला स्पेशल ट्रेन 27 जुलाई से 17 अगस्त तक चलावल जाई। ट्रेन जसीडीह-पटना-डीडीयू के रास्ते चलावल जाई। ई ट्रेन हर सनीचर के सियालदह से 23:55 बजे खुली, जवन अगिला दिन 4:58 बजे जसीडीह, 10:30 बजे पटना होत बनारस पहुंची।

गोरखपुर-देवघर श्रावणी मेला स्पेशल ट्रेन

गोरखपुर-देवघर श्रावणी मेला स्पेशल ट्रेन हाजीपुर, शाहपुर, पटोरी, बरौनी, मुंगेर, सुल्तानगंज आ भागलपुर के रास्ता चलावल जाई। ई ट्रेन 20 जुलाई से 20 अगस्त तक चलावल जाई। ट्रेन प्रतिदिन गोरखपुर से 20:00 बजे रवाना होई, जवन अगिला दिन 13:15 बजे देवघर पहुंची।

सुल्तानगंज स्टेशन पs एक जोड़ी ट्रेनन के ठहराव

रेलवे श्रावणी मेला के मद्देनजर रेलवे मेला अवधि खातिर एक जोड़ी ट्रेनन के ठहराव दिहल गइल बा। इहां पs मेला अवधि के दौरान महत्वपूर्ण ट्रेनन के दु मिनट ठहराव दिहल गइल बा। गया-कामाख्या एक्सप्रेस के इहां पs दु मिनट के ठहराव दिहल गइल बा। कामाख्या-गया एक्सप्रेस ट्रेन इहां रुकी।

जसीडीह स्टेशन पs ट्रेनन के ठहराव में बढ़न्ती 

मेला अवधि के दौरान कोलकाता राजधानी एक्सप्रेस, दूरंतो एक्सप्रेस, जनशताब्दी एक्सप्रेस, पूर्वा एक्सप्रेस, गरीब रथ आ हमसफर एक्सप्रेस के छोड़के, जसीडीह स्टेशन पs पांच मिनट से कम समय तक रुके वाला सब मेल, एक्सप्रेस आ पैसेंजर ट्रेनन के ठहराव समय कम से कम पांच मिनट कs दिहल गइल बा।

एकरा अलावे, रेलवे के ओर से किउल-जमालपुर डेमू स्पेशल के मार्ग में विस्तार कइल गइल बा। ई ट्रेन अब सुल्तानगंज तक जाई।

900410cookie-checkपटना-आसनसोल आ गोरखपुर-देवघर सहित 3 नया ट्रेनन के होई परिचालन, जान लीं रूट आ टाइमिंग

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.