[the_ad_group id="30365"]

Maharaja Review: विजय सेतुपति के इ खतरनाक फिल्म देख ली तऽ सुत ना पाइब, अनुराग कश्यप के बवाल एक्टिंग, तुरंत देखि इ फिल्म

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Maharaja Review: जदि नीमन फिल्म केहू बनावता तऽ उऽ लोगन तक पहुंचिए जाला, फेर ओकरा के केहू प्रमोट करें भा ना करें, कवनो फर्क ना पड़ेला। लोग जब एक दोसरा से कहेला कि फिल्म बढ़िया बा तऽ ओकरा से बड़ प्रमोशन कुछ ना होला, अइसने नेटफ्लिक्स पs आइल फिल्म महाराजा के साथ हो रहल बा, लोग फिल्म के देख रहल बा आ दोसरो से कह रहल बा कि भाई जरूर देखिहऽ, साल के अबहीं तक के सबसे बढ़िया फिल्म बा, भरोसा राखीं ई फिल्म जदि रउआ देख लेनी तऽ सुत ना पाइब, ई फिल्म राउर पीछा ना छोड़ी।

महाराजा यानि विजय सेतुपति एगो सैलून में काम करे वाला, जेकर पत्नी के जान जा चुकल बा, आ बेटी ले जान बच जाला काहेकि बच्ची के एगो कूड़ा के डिब्बा कवर कऽ लेवेला, एक दिन लक्ष्मी के चोरी हो जाता, आ फेर महाराजा पुलिस के चक्कर काटत बाड़े, के हऽ लक्ष्मी, काहे महाराजा लक्ष्मी के चोरी होखे से परेशान बाड़े, का होला आगे, इहे एह फिल्मद सस्पेंस बा कवन कवनो हाल में बतावल नइखे जा सकत आ एकरा खातिर देखहीं के पड़ी।

विजय सेतुपति महाराजा के किरदार में जान डाल दे देले बाड़े, उनकर एक्टिंग के एगो मास्टरक्लास के तरे लिहल जा सकऽता कि एक्टिंग कइसे कइल जाला, जहां शांत रहे के बा उहाँ का एक्सप्रेशन होई आ जहां रौद्र रूप देखावे के बा उहाँ का एक्सप्रेशन होई, एमें विजय के कई गो शेड्स देखे के मिलेला। हर शीन में उऽ बस कमाल काम कऽ गइल बाड़े।

अनुराग कश्पय बढ़िया डायरेक्टर हउअन ई सब केहू जानेला बाकिर ए घरी उऽ एक्टिंग में बवाल कटले बाड़े, यहां सेल्वम के किरदार में उऽ अइसन काम कइले बाड़े कि रउआ उनका से नफरत हो जाई, अतना शानदार एक्टिंग, रोल नेगेटिव बा आ अनुराग बता देले बाड़े कि भाई सिनेमा के एगो नया विलेन मिल गइल बा, आसिफा के रोल में ममता मोहनदास जबरदस्त बा। बाकी के सारा किरदार शानदार एक्टिंग कइले बा।

डायरेक्शन – निथिलन स्वामिनाथन ई फिल्म डायरेक्ट कइले बाड़े आ का कमाल के डायरेक्शन बा, कहां कवना सीन के कतना राखे के बा ई बड़ी बढ़िया से ख्याल राखल गइल बा, कही ई फिल्म ढीला नइखे पड़ल, एक के बाद एगो ट्विस्ट आवेला जवन रउआ के एंटरटेन करत रही आ अइसन क्लाइमैक्स जवन हिला दिही।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]