Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

ओमान के तेल टैंकर समंदर में पलटल, 13 भारतीय संगे चालक दल के 16 सदस्य अबे ले लापता

117
Google Ads 300*250 for posts

 

 

ओमान के लगे एगो तेल टैंकर पलट गइल बा. एकरा चालक दल के 16 सदस्य लापता बाड़े, जवना में से 13 भारतीय बाड़े। देश के समुद्री सुरक्षा केंद्र तेल टैंकर के डूबे के खबर के एक दिन बाद मंगल के दिने कहलस कि अबहीं ले लापता लोग के पता नइखे चलल.

ओमानी सेंटर सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म एक्स पs जारी एगो पोस्ट में कहलस कि, प्रेस्टीज फाल्कन के चालक दल में 13 भारतीय नागरिक अवुरी तीन श्रीलंका के लोग शामिल बाड़े। केंद्र समाचार एजेंसी रॉयटर्स से कहलस कि जहाज डूबल बा अवुरी उल्टा बा। एहमें एह बात के पुष्टि नइखे भइल कि जहाज स्थिर हो बा कि तेल भा तेल के उत्पाद समुद्र में लीक होखत बा.

दुकम के पास टैंकर पलट गईल 

एलएसईजी के शिपिंग डेटा बतावत बा कि टैंकर यमन के अदन बंदरगाह जात रहुवे आ ओमान के प्रमुख औद्योगिक बंदरगाह दुकम के लगे पलट गइल. शिपिंग डेटा बतावत बा कि ई जहाज 117 मीटर लंबा तेल उत्पाद टैंकर हs जवन 2007 में बनल रहे। आमतौर पs अइसन छोट टैंकर सभ के इस्तेमाल छोट-छोट तटीय यात्रा खातिर होला।

 

 

 

 

897540cookie-checkओमान के तेल टैंकर समंदर में पलटल, 13 भारतीय संगे चालक दल के 16 सदस्य अबे ले लापता

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.