Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

James Anderson के नाम जुड़ल वर्ल्ड रिकॉर्ड, कपिल देव तक नहीं कर सकलें जवन काम, कs के देखवलें कमाल; टेस्ट क्रिकेट में पहिला बेर भइल अइसन 

1,161
Google Ads 300*250 for posts

इंग्लैंड आ वेस्टइंडीज (ENG vs WI) के बीच खेलल जा रहल टेस्ट सीरीज के पहिला टेस्ट के दौरान इंग्लिश दिग्गज जेम्स एंडरसन एगो बड़ रिकॉर्ड अपना नावे कइलें। जेम्स एंडरसन इंटरनेशनल क्रिकेट से अपना संन्यास के एलान कs देले बाड़ें। ऊ लॉर्ड्स में आपन फेयरवेल टेस्ट खेल रहल बाड़ें।

लॉर्ड्स के मैदान पs जारी पहिला टेस्ट में जेम्स एंडरसन (James Anderson) इंटरनेशनल क्रिकेट में 50 हजार गेना डाले के रिकॉर्ड अपना नामे कइलें। अइसन कारनामा करे वाला ऊ दुनिया के चउथा आ पहिला इंग्लिश खिलाड़ी बनल बाड़ें। उनका से पहिले श्रीलंका के मुथैया मुरलीधरन, भारत के अनिल कुंबले आ ऑस्ट्रेलिआ के शेन वॉर्न ई कमाल कइले रहस।

James Anderson विदाई टेस्ट में हासिल कइलें बड़ उपलब्धि

दरअसल, इंग्लैंड बनाम वेस्टइंडीज के बीच खेलल जा रहल पहिला टेस्ट के दूसरका दिन तक वेस्टइंडीज दूसरका पारी में छव विकेट गंवा देले बा आ इंग्लैंड से उ अभियो 171 रन पीछे चल रहल बा पहिला पारी में इंग्लैंड खातिर जेम्स एंडरसन एक विकेट लेले रहस। ऊ डेब्यूटेंट गस एटकिंसन के चलता कइले रहस। 41 साल के उमिर में जेम्स के जवाब नइखे। ऊ दूसरका पारी में गजब के गेंदबाजी कs के विंडीज टीम के कप्तान क्रेग ब्रैथवेट आ जेसन होल्डर के आपन शिकार बनवलें।

इंटरनेशनल क्रिकेट में सबसे जादे गेना फेंके वाला बॉलर्स

  • 63132 गेंद- मुथैया मुरलीधरन
  • 55346 गेंद- अनिल कुंबले
  • 51347 गेंद- शेन वॉर्न
  • 50001 गेंद- जेम्स एंडरसन

टेस्ट क्रिकेट के इतिहास में सबसे जादे गेना फेंके वाला पेसर्स

  • जेम्स एंडरसन- 40000*
  • स्टुअर्ट ब्राड- 33698
  • कोर्टनी एंड्रयू वॉल्श- 30019
  • ग्लेन मैक्ग्राथ- 29248
  • कपिल देव- 27740

फेयरवेल टेस्ट में जेम्स एंटरसन वर्ल्ड रिकॉर्ड अपना नामे कइलें। ऊ टेस्ट क्रिकेट के इतिहास में 40000 गेना फेंके वाला पहिला पेसर बनल बाड़ें। ओहिजा, एकरा अलावे दुनिया में अइसन पहिला पेसर बनलें, जे इंटरनेशनल क्रिकेट के तीनों फॉर्मेट में 50 हजार से जादे गेना डललस।

जदि बात करी एंडरसन के जारी फेयरवेल टेस्ट के तs पहिला पारी में उनकर प्रदर्शन कुछ खास ना रहल, जहां पहिला पारी में ऊ डेब्यूटेंट गस एटकिंसन के चलता कइलें। दूसरका पारी के दूसरका दिन तक जेम्स एंडरसन 10 ओवर गेंदबाजी कइलें, जेमे पांच ओवर मेडन डलले आ कुल 11 रन खर्च कइलें। एह दौरान ऊ दुगो विकेटो चटकवलें।

892120cookie-checkJames Anderson के नाम जुड़ल वर्ल्ड रिकॉर्ड, कपिल देव तक नहीं कर सकलें जवन काम, कs के देखवलें कमाल; टेस्ट क्रिकेट में पहिला बेर भइल अइसन 

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.