[the_ad_group id="30365"]

सी.आर.डी पी०जी० कॉलेज आ यायावरी क्लब के तत्वावधान में आयोजित पाँच दिवसीय कार्यशाला के आजु तिसरका दिन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

चन्द्रकान्ति रमावती देवी आर्य महिला पी०जी० कॉलेज आ यायावरी वाया भोजपुरी के अंतर्गत यायावरी क्लब के संयुक्त तत्वावधान में आयोजित पाँच दिवसीय कार्यशाला के आजु तिसरका दिन सम्पन्न भइल। एह कार्यशाला के सुरुआत यायावरी क्लब के ओर से विषय विशेषज्ञ राजनंदिनी आ श्रीमती ऋचा दुबे कइली। भोजपुरी लोक गीतsन के विधा के समझावत बहुत सुंदर तरीका से गा के सिखवले लो। गीतन में खिलौना गीत, बधाई गीत, होली गीत सिखावल गइल। उपस्थित सब छात्रा लोग पूरा मन से गीत सीखल लोग अउर गा के भी सुनावल लो।

एह कार्यक्रम में महाविद्यालय के प्रबन्धक डॉ० विजयलक्ष्मी मिश्रा, प्राचार्य डॉ० सुमन सिंह, डॉ० अपर्णा मिश्रा, श्रीमती श्वेता सिंह, श्री अनन्त पाठक, डॉ० विकास कुमार श्रीवास्तव, श्री शैलेन्द्र राव, यायावरी क्लब के हेड श्वेता सुप्रिया, राजनंदनी , मिनी उपाध्याय आदि लोग मौजूद रहल अउर सभे कार्यक्रम के सफल बनवले में आपन जोगदान दिहल लो।

गितन में खिलौना ’झुन झनूवा खेल मोरे ललना’, बधाई गीत, ’बधइयां बजे आज अंगनईना’, होली गीत ’कनक भवन में खेलत सिया रघुवीर’ भईल।

एह कार्यशाला में मंच पs छात्रा स्नेहा, भावना पांडे, अक्षिता सोलंकी, मंतशा बानो, स्वीटी कुमारी, श्रुतिका सिंह, निशा गुप्ता, माहेजबीना, कायनात सिद्धकी, खुशी सिंह, निधि श्रीवास्तव, अंकिता श्रीवास्तव, पूजा पांडे, तान्या श्रीवास्तव,पुष्पा , जान्हवी पांडे आदि लोग सहयोग कइल। एह कार्यशाला में छात्र उत्साह से भाग लिहले। लोकगीत के प्रति नया पीढ़ी के अइसन झुकाव एह कार्यशाला के अद्भुत आ ऐतिहासिक बना रहल बा। एह कार्यशाला से संबंधित वीडियो यायावरी वाया भोजपुरी के फेसबुक पs देख सकेनी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]