Chandra Grahan 2023: आज लागी साल के पहिला चंद्र ग्रहण, जानीं भारत में का होई एकर प्रभाव

By Anurag Ranjan

Published on: May 5, 2023

Chandra Grahan 2023: साल 2023 में टोटल 4 ग्रहण लागे जा रहल बा। एमे से दु गो सूर्य ग्रहण आ दु गो चंद्र ग्रहण हs। पहिला सूर्य ग्रहण लाग चुकल बा। ई सूर्य ग्रहण 20

Share

Chandra Grahan 2023: साल 2023 में टोटल 4 ग्रहण लागे जा रहल बा। एमे से दु गो सूर्य ग्रहण आ दु गो चंद्र ग्रहण हs। पहिला सूर्य ग्रहण लाग चुकल बा। ई सूर्य ग्रहण 20 अप्रिल के लागल रहे, जवन कि भारत में ना लउकल रहे। अब पहिला सूर्य ग्रहण के बाद साल के पहिला चंद्र ग्रहण लागे जा रहल बा। ई चंद्र ग्रहण 05 मई के वैशाख पूर्णिमा माने बुद्ध पूर्णिमा वाला दिन लागी। अइसे तs चंद्र ग्रहण एगो भौगोलिक घटना हs, बाकिर पौराणिक मान्यता बा कि पूर्णिमा के रात जब राहु आ केतु चंद्रमा के निगले के कोसिस करेला, तब चंद्र ग्रहण लागेला। ओहिजा चंद्र ग्रहण से कुछ घंटा पहिले सूतक काल लाग जाला, जवना के ज्योतिष के नजरिया से सुभ ना मानल जाला। अइसन में चलीं जानल जाव चंद्र ग्रहण कब से कब तक रही आ एकर सूतक काल लागी कि ना…

कब लागी साल के पहिला चंद्र ग्रहण

साल 2023 के पहिला चंद्र ग्रहण 5 मई 2023 दिन सुक के लाग रहल बा। ई चंद्र ग्रहण रात 8 बजकर 45 मिनट से सुरू होई आ देर रात 1 बजे समाप्त होई।

चंद्र ग्रहण 2023 के सूतक काल

अइसे तs चंद्र ग्रहण के सूतक काल 9 घंटा पहिले सुरू हो जाला, बाकिर साल के पहिला चंद्र ग्रहण भारत में दिखाई ना दी, एहिसे इहां एकर सूतक काल मान्य ना होई।

कहां-कहां नजर आई पहिला चंद्र ग्रहण

ई उपच्छाया चंद्र ग्रहण s। जब चंद्रमा पs पृथ्वी के छाया खाली एक तरफ से होला तs उपच्छाया चंद्र ग्रहण कहल जाला। एकरा कारण ई ग्रहण हर जगह ना देखल जा सकी। ई चंद्र ग्रहण यूरोप, सेंट्रल एशिया, ऑस्ट्रेलिया, अफ्रीका, अंटार्कटिका, प्रशांत अटलांटिक आ हिंद महासागर में देखल जा सकी।

चंद्र ग्रहण कब लागेला?

सूरज चारो ओर पृथ्वी घूमेले आ चंद्रमा पृथ्वी के चक्कर लगावेला। एह प्रक्रिया में एक समय अइसन आवेला जब चंद्रमा पृथ्वी आ सूरूज एके सीध में आ जाला। एह दौरान सूरज के अंजोर पृथ्वी पs पड़ेला, बाकिर चंद्रमा तक ना पहुंच पावेला। एह घटना के खगोलीय घटना के रूप में चंद्र ग्रहण कहल जाला।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.