[the_ad_group id="30365"]

डेंगू: बिहार में 89 तs पटना में मिलल 40 केस: राजधानी में मरीजन के आंकड़ा पहुंचल 796

साफ पानी में डेंगू के मच्छर पनपेला। डेंगू से बचाव खातिर सभे के अलर्ट मोड में रहे में निरदेस दिहल जा चुकल बा। डेंगू के मच्छर दिन में काटेला।
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पटना सहित राज्य में डेंगू के प्रकोप थमे के नाम नइखे ले रहल। सबसे अधिक डेंगू के मरीज पटना में ही मिल रहल बा। अतवार तक राज्य में 1726 तs पटना में अभी ले 796 डेंगू के मरीज मिल चुकल बा लो। अतवार के राज्य में डेंगू के 89 नया मरीज मिलल बा लो। एमे पटना के 40 मरीज बा लो। कंकड़बाग, अजीमाबाद इलाका में डेंगू के हॉट स्पॉट बनल बा। एह इलाकन में जादे मरीज मिल रहल बा लो।

स्टेट प्रोग्राम आफिसर डॉ. अशोक कुमार के कहनाम बा कि अभी जवन इस्थिति बा ओमे घर में आ आसपास पानी जमा नइखे होखे देवे के। साफ पानी में डेंगू के मच्छर पनपेला। डेंगू से बचाव खातिर सभे के अलर्ट मोड में रहे के निरदेस दिहल जा चुकल बा। डेंगू के मच्छर दिन में काटेला। संगही संगे सब जिला अस्पताल से लेके प्राथमिक स्वास्थ्य केंद्र पs जांच आ इलाज के सुविधा बहाल कs दिहल गइल बा।

पिछला पांच दिन के डेंगू के आंकड़ा

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]