Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

छपरा में गल्ला व्यवसायी के गोली मारके हत्या: घर लवटे के दौरान अपराधी देलें वारदात के देले सs अंजाम, बेवसाई एकमा बंद के कइल लो ऐलान

233

एकमा बाजार में अपराधियन द्वारा एगो व्यक्ति के गोली मारके मौत के घाट उतार दिहल गइल बा। घटना अतवार के देर सांझ के हs। जब बेयपारी आपन दुकान बंद कs के वापस अपना घरे जात रहे लो। तबे एगो बाइक पs दु के संख्या में अपराधी उनका ऊपर दनादन गोली चलावत फरार हो गइलें सs।

मृतक के पहचान एकमा थाना क्षेत्र के ब्लॉक रोड निवासी राजेश कुमार (60) पिता राम चन्द्र प्रसाद के रूप में भइल बा। मृतक गल्ला बेवसाय के बेयपार करत रहे। घटना के बाद एकमा में अफरातफरी के माहौल हो गइल। हत्या के कारणन के खुलासा नइखे हो सकल। घटना के बाद एकमा सहित छपरा जिला के बेवसायी में आक्रोश बा।

जवना के लेके एकमा के बेवसायी दुकान के बंद करे के आह्वान कइले बा लो। आज सोमार के एकमा बाजार पूर्ण रूप से बंद रही। सब दुकानदार हत्या के खिलाफ एकमा बाजार के पूर्ण रूप से बंद करे के ऐलान कइले बा लो। समूचा बाजार में सब दुकान बंद रही। 24 घंटा के अंदर ममिला के खुलासा नइखे होत तs बेयपारियन द्वारा सारण जिला के सब दुकानन के बंद करे के योजना बनावल जा रहल बा।

बेवसायी के मौत के बाद लोगन में आक्रोश

गोली लगला के संगही आसपास मवजूद लोग सोर मचावे लागल। जवना के बाद स्थानीय लोग इलाज खातिर एकमा सामुदायिक स्वास्थ केंद्र लेके पहुचलें। जहां चिकित्सक लोग जांच के बाद उनका के मृत घोषित कs दिहल। गोली उनका पीठ में मारल गइल बा।

मृतक एकमा के बड़ गल्ला बेवसायी रहस। हत्या के खिलाफ लोगन मे आक्रोश बा। अस्पताल परिसर में बढ़त भीड़ के बीच पुलिस शव के पोस्टमार्टम खातिर छपरा सदर अस्पताल भेज देलस। जहां विशेष आदेस के बाद देर रात शव के पोस्टमार्टम करा के परिजनन के सवप दिहल गइल।

दुकान से लवटला के दौरान मारल गइल गोली

मृतक के पुत्र अमित कलवार बतवलें कि बाबूजी रोजाना के तरे सांझ में अपना काम खत्म कs के दुकान से घरे आवत रहलें। घर के लगे ब्लॉक में पूर्व से घात लगवलें अपराधी गोली मार देलें। गोली लगला के संगही आसपास के लोग दउड़ल तबतक अपराधी तेजी से फरार हो गइल लो। हत्या के कारणन के कवनो अंदाज नइखे लगावल जा सकत। हमनी लोगन के केहू से कवनो विवाद नइखे।

ममिला के जांच में जुटल पुलिस

एकमा के थानाध्यक्ष संजीव कुमार बतवलें कि थाना क्षेत्र के ब्लॉक रोड में एगो बेवसायी के देर सांझ गोली मारके हत्या कर दिहल गइल बा। मृतक के बेटा के आवेदन पs प्रथमिकी दर्ज करत पुलिस अनुसंधान में जुट गइल बिया। अभी ले कवनो अपराधी के गिरफ्तारी नइखे भइल। टेक्निकल अनुसंधान में पुलिस जुट गइल बिया, जल्दिये अपराधी के गिरफ्तार कs लिहल जाई।

साभार: दैनिक भास्कर

658110cookie-checkछपरा में गल्ला व्यवसायी के गोली मारके हत्या: घर लवटे के दौरान अपराधी देलें वारदात के देले सs अंजाम, बेवसाई एकमा बंद के कइल लो ऐलान

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.