Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

बिहार के पटना, बक्सर सहित नव जिलन में भीषण गरमी के रेड अलर्ट, औरंगाबाद के पारा 46.9 डिग्री 

256
Google Ads 300*250 for posts

राजधानी पटना सहित बक्सर, भोजपुर, औरंगाबाद, कैमूर, रोहतास, अरवल, जहानाबाद, गया जिला के कुछ जगहन पs मंगर के लू के संगे भीषण उष्ण लहर के संभावना खातिर मौसम विभाग रेड अलर्ट जारी कइले बा। सीवान, सारण, वैशाली, शेखपुरा, बेगूसराय, समस्तीपुर, नवादा,नालंदा में उष्ण लहर खातिर ऑरेंज अलर्ट जारी कइल गइल बा। ओहिजा, राज्य के उत्तर पश्चिम, उत्तर मध्य, दक्षिण पूर्व भागन के जिला में एक से दु जगहन पs गरम दिन रहे के आशंका बा। पिछला 24 घंटा के दौरान राज्य के औरंगाबाद में सर्वाधिक अधिकतम तापमान 46.9 डिग्री सेल्सियस दर्ज कइल गइल।

सुपौल, अररिया, पूर्णिया में बरखा के आसार

मौसम विज्ञान केंद्र के माने के बा कि सुपौल, अररिया, पूर्णिया, किशनगंज के कुछ भागन में आवे वाला तीन से चार घंटा के दौरान हलुका से मध्यम स्तर के मेघ गर्जन के संगे बरखा के आसार जतावल गइल बा। एह जिलन में तेज हवा जवना के गति 30 से 40 किलोमीटर प्रति घंटा के रफ्तार से चले के संभावना बतावल गइल बा। राज्य के जवना जिलन में तापमान 40 डिग्री सेल्सियस से ऊपर दर्ज गइल ओमे पटना 41.5, गया 45.4, सारण 43.3, डेहरी 46.4, शेखपुरा 42.4, गोपालगंज 42.1,जमुई 41.2, बक्सर 46.6, भोजपुर 46.2, वैशाली 44.3 ,औरंगाबाद 46.2, बांका 43. 3, नवादा 44.0, राजगीर 44.3, जीरादेई 43.6, अरवल 46.4, बिक्रमगंज 45.4 मुंगेर 41.4 सामिल बा। एकरा अलावे भागलपुर 39.2 ,पूर्णिया 32.2, वाल्मीकि नगर 37.2 , मुजफ्फरपुर 36.2, दरभंगा 37.2, सुपौल 33.2, फारबिसगंज 32.2, मधुबनी 36.7 मोतिहारी 37.0, समस्तीपुर 37.1, बेगूसराय 37.0, कटिहार 33.6, अररिया 30.5, पूसा 36.8 आकिशनगंज 31.0 डिग्री सेल्सियस तापमान दर्ज कइल गइल।

पिछला 24 घंटा में एक भा दु जगहन पs भइल बरखा

पिछला 24 घंटा के दौरान राज्य के उत्तर पूर्व भाग के एक भा दु जगहन पs हलुका बरसात दर्ज कइल गइल। बाकी के शेष भाग शुष्क बनल रहल। राज्य के 17 जगहन पs अधिकतम तापमान 40 डिग्री से जादे बनल रहल। प्रदेश के कइयन जगहन पs भीषण उष्ण लहर के इस्थिति बनल रहल। जबकि उष्ण लहर पटना, जमुई आ मुंगेर में दर्ज कइल गइल।

मौसम विभाग के अनुसार, राज्य के उत्तर पूर्व आ दक्षिण पूर्व के एक भा दु जगहन पs मेघ गर्जन के संगे हलुका बरखा के पूर्वानुमान बा। अगिला दु से तीन दिनन के दौरान तापमान में कवनो विशेष परिवर्तन के पूर्वानुमान नइखे। एकरा बाद अधिकतम तापमान में तीन से पांच डिग्री सेल्सियस के गिरावट के संभावना बा। बिहार के कुछ भागन में तीन से चार दिनन के बाद मानसून के असर लउके लागी।

866490cookie-checkबिहार के पटना, बक्सर सहित नव जिलन में भीषण गरमी के रेड अलर्ट, औरंगाबाद के पारा 46.9 डिग्री 

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.