[the_ad_group id="30365"]

पहिले से चल रहल विशेष ट्रेनन के अवधि में विस्तार : दादर-बलिया स्पेशल एक जुलाई तक चली, होली के बाद काम पs लवटे वालन के सुविधा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रेलवे पहिले से चलावल जा रहल कइयन विशेष गाड़ियन के अवधि में विस्तार कइल गइल बा। विस्तारित अवधि में एह गाड़ी के मार्ग, ठहराव, समय आ रैक संरचना पहिले जइसन होई । ई जानकारी जनसंपर्क पदाधिकारी अशोक कुमार पत्र जारी करत देलें बाड़ें। ट्रेनन के तिथि विस्तारित होखे से यात्रियन के लाभ मिली। होली के बाद यात्रियन के अतिरिक्त भीड़ के मद्देनजर ट्रेनन के संचालन समय में विस्तार कइल गइल बा।

  •  29 मार्च तक चलावल जा रहल 01025 दादर-बलिया विशेष गाड़ी के अवधि विस्तार एक जुलाई तक 40 फेरन खातिर कइल जाई।
  • 31 मार्च तक चलावल जा रहल 01026 बलिया-दादर विशेष गाड़ी के अवधि विस्तार तीन जुलाई तक 40 फेरन खातिर कइल जाई।
  • 31 मार्च तक चलावल जा रहल 01027 दादर-गोरखपुर विशेष गाड़ी के अवधि विस्तार 30 जून (दु मई के छोड़के) 51 फेरन खातिर कइल जाई।
  • दु अप्रिल तक चलावल जा रहल 01028 गोरखपुर-दादर विशेष गाड़ी के अवधि विस्तार दु जुलाई तक (10 जून के छोड़के) 51 फेरन खातिर होई।
  • 01101 दादर-गोरखपुर टीचर्स विशेष गाड़ी के संचालन दादर से दु मई के आउर 01102 गोरखपुर-दादर टीचर्स विशेष गाड़ी के संचालन गोरखपुर से 10 जून के एक फेरा खातिर होई। ई गाड़ी 01027/01028 दादर-गोरखपुर-दादर विशेष गाड़ी के समय आ मार्ग पs चलावल जाई।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]