[the_ad_group id="30365"]

ICICI बैंक धोखाधड़ी ममिला: चंदा कोचर के बाद वीडियोकॉन के चेयरमैन वेणुगोपाल धूत गिरफ्तार, CBI कइलस कार्रवाई

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

केंद्रीय जांच ब्यूरो (CBI) आज आईसीआईसीआई बैंक धोखाधड़ी ममिला में वीडियोकॉन के चेयरमैन वेणुगोपाल धूत (ICICI Bank fraud case) के गिरफ्तार कs लेले बा।  सीबीआई के मोताबिक ई कार्रवाई बैंक धोखाधड़ी ममिला में हो रहल बा। बता दीं कि एही ममिला में एकरा पहिले ICICI के पूर्व सीईओ चंदा कोचर आ उनकर पति दीपक कोचर के गिरफ्तार कइल गइल रहे।

CBI अदालत में होई पेशी

कोचर से पूछताछ के बाद धूत के मुंबई में गिरफ्तार कइल गइल बा। सीबीआई उनका के बाद में मुंबई में विशेष सीबीआई अदालत के सोझा पेश करी। जांच एजेंसी उनकर कस्टोडियल रिमांड के मांग करी। बता दीं कि धूत पs ई आरोप रहे कि आईसीआईसीआई बैंक लिमिटेड ट्रेंड इलेक्ट्रॉनिक्स लिमिटेड, सेंचुरी अप्लायंसेज लिमिटेड, कैल लिमिटेड, वैल्यू इंडस्ट्रीज लिमिटेड आ इवान फ्रेजर एंड कंपनी इंडिया लिमिटेड के लगभग 3,250 करोड़ रुपिया के क्रेडिट सुविधा मंजूर कइलस।

ई बा आरोप

आरोप रहे कि धूत सुप्रीम एनर्जी प्राइवेट लिमिटेड (एसईपीएल) के माध्यम से नूपावर रिन्यूएबल्स लिमिटेड (एनआरएल) में 64 करोड़ रुपिया के निवेश कइलें आ एसईपीएल के दीपक कोचर द्वारा प्रबंधित पिनेकल एनर्जी ट्रस्ट के गलत तरीका से स्थानांतरित कs दिहल गइल। आरोप बा कि आईसीआईसीआई बैंक लिमिटेड के अधिकारी लोग बैंकिंग विनियमन अधिनियम, आरबीआई के दिशा निरदेसन आ बैंक के क्रेडिट नीति के उल्लंघन करत एह कंपनियन के क्रेडिट सुविधा मंजूर कइल लोग।

2010 के हs ममिला

बता दीं कि ई धोखाधड़ी 2010 आ 2012 के बीच कइल गइल रहे। एही सिलसिला में केंद्रीय जांच ब्यूरो (सीबीआई) सनीचर के आईसीआईसीआई बैंक के पूर्व सीईओ आ एमडी चंदा कोचर के उनकर पति दीपक कोचर के संगे गिरफ्तार कइले रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]