10 साल बाद वाराणसी- पीडीडीयू नगर के बीच शुरू भइल ई-बस सेवा

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 4, 2024

वाराणसी से पीडीडीयू नगर के बीच यात्रा करे वाला यात्रियन खातिर राहत के खबर बा।  एह रूट पर 10 साल बाद ई-बस सेवा शुरू हो रहल बा। जवना के चलते यात्री के सफर आसान हो

Share

BANARAS

वाराणसी से पीडीडीयू नगर के बीच यात्रा करे वाला यात्रियन खातिर राहत के खबर बा।  एह रूट पर 10 साल बाद ई-बस सेवा शुरू हो रहल बा। जवना के चलते यात्री के सफर आसान हो जाई।

सितम्बर 2014 से राजघाट पुल पs भारी गाड़ी के रुकावट के चलते सिटी बस सेवा बाधित हो गइल रहे। 10 साल बाद वाराणसी सिटी ट्रांसपोर्ट सर्विसेज लिमिटेड के ई-बस सेवा शुरू हो गइल। बस सेवा के ट्रायल रन बुध के सबेरे 9 बजे भइल।

दुनो शहर के बीच सेवा शुरू होखला से यात्री के बहुत राहत मिलेला। वीसीटीएसएल के अधिकारी के मोताबिक फिलहाल ट्रायल रन चलावल जाता। इ बस कैंट स्टेशन, सिटी स्टेशन, कज्जकपुरा, राजघाट, पदव, चंदासी के रास्ता से पीडीडीयू नगर रेलवे स्टेशन पs जाई। वाराणसी आ पीडीडीयू नगर के किराया प्रति यात्री 30 रुपिया तय कइल गइल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.