Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोरखनाथ मंदिर में अवैध कारतूस संगे धराइल 5 लोग: आरोपियन में BJP नेता के भाई बा सामिल, एक हफ्ता पहिले चेकिंग में मिलल रहे तमंचा

805

गोरखपुर: गोरखनाथ मंदिर में चेकिंग के दौरान कारतूस मिले के ममिला सामने आइल। घटना सोमार के सबेरे के हs। सीएम योगी आदित्यनाथ के जनता दर्शन के तइयारी चलत रहे। ओहि बेरा मंदिर के मेन गेट पs चेकिंग के दौरान एगो स्कार्पियो के डैश बोर्ड से 315 बोर के दुगो कारतूस मिलल। पुलिस तत्काल कार में सवार 5 लोगन के हिरासत में ले लेलस आ पूछताछ सुरू कs देलस।

हिरासत में लिहल गइल सब व्यक्ति श्रावस्ती के रहे वाला बा। ओहिजा, गोरखनाथ मंदिर से 14 जुलाई के सांझ के चेकिंग के दौरान पुलिस बिहार के सुबोध नाम के बेयपारी के तमंचा के संगे पकड़ले रहे। ऊ अपना बेटा संगे मंदिर पहुंचल रहे।

एक हफ्ता पहिले मिलल रहे तमंचा

जांच में बैग से तमंचा मिलला के बाद पुलिस गहनता से जांच कइलस तs सामने आइल रहे कि ऊ एगो लावारिस बैग के उठा लेले रहे। बिहार पुलिस के जांच में ओकर साफ-सुथरा छवि सामने आइल रहे, बाकिर तमंचा मिलला के वजह से आर्म्स एक्ट में चालान कइल गइल। संगही एकरा बाद पुलिस सख्ती बरतल सुरू कs देले बिया।

गोरखनाथ मंदिर में पुलिस सख्ती बरतल सुरू कs देले बिया।

SSP आ LIU कs रहल बिया पूछताछ

SSP डॉ. गौरव ग्रोवर आ LIU के अफसर पकड़ल गइल आरोपियन से पूछताछ कइले बा लो। आरोपी गोली के बारे में जानकारी ना होखे के बात कह रहल बाड़े सs। फिलहाल, गोरखपुर पुलिस, श्रावस्ती पुलिस से संपर्क कs के पकड़ल गइल लोगन के आपराधिक इतिहास के बारे में जानकारी जुटा रहल बिया।

भाजपा नेता के भाई हs आरोपी

ओहिजा, अब तक के जांच में पता चलल बा कि 13 जून 2023 के श्रावस्ती में पुरान रंजिश में भाजयुमो के नेता माता प्रसाद उर्फ करिया के हत्या कs दिहल गइल रहे। आरोपियन पs कार्रवाई के लेके माता प्रसाद के भाई अपना रिश्तेदारन के संगे जनता दर्शन में सीएम से फरियाद खातिर जात रहे।

एही दौरान जांच में ओकरा कार के डैश बोर्ड से 315 बोर के दुगो गोली बरामद भइल। गोली मिलतही आला अफसरन के एकर जानकारी दिहल गइल आ कार में सवार सब 5 लोगन के हिरासत में लेके गोरखनाथ थाना पs पहुंचावल गइल।

हर पहलुअन पs चल रहल बा जांच

मुख्यमंत्री, भीतरी जनता दर्शन सुरू करे वाला रहस आ ओकरा पहिलही कार से गोली मिलल रहे, एह वजह से पुलिस के आला अफसर पूछताछ खातिर पहुंच गइल लो।फिलहाल ई साफ नइखे हो पा रहल कि कार में गोली ले आवे के मकसद का बा, पुलिस सब पहलुअन पs जांच कs रहल बिया।

जांच के आधार पs लिहल जाई एक्शन

SSP डॉ. गौरव ग्रोवर बतवलें, “गोरखनाथ मंदिर गेट पs जांच के दौरान स्कार्पियो के डैश बोर्ड में दुगो कारतूस मिलल बा। कार सवार लोगन के हिरासत में लेके जांच कइल जा रहल बा। श्रावस्ती पुलिस से उनकर आपराधिक इतिहास के बारे में जानकारी मांगल गइल बा। फिलहाल पता चलल बा कि एगो आरोपी श्रावस्ती में मारल गइल माता प्रसाद के भाई बा आ आउर रिश्तेदार बा। जांच आ साक्ष्यन के आधार पs आगे के कार्रवाई कइल जाई।”एक्स

खुफिया एजेंसी अलर्ट

दरअसल, सीएम योगी आदित्यनाथ के लेके लगातार खुफिया सूचना रहेला कि ऊ आतंकियन के निशाना पs बाड़ें। पहिलहू गोरखनाथ मंदिर के सुरक्षा में तैनात सिपाहियन पs गोरखपुर के रहे वाला मुर्तुजा अब्बासी हमला कs चुकल बा। एह वजह से पुलिस ममिलन के गंभीरता से ले रहल बा।

DGP कार्यालय के भेजल गइल रिपोर्ट

समूचा घटनाक्रम आ पूछताछ के जानकारी DGP कार्यालयो के भेजल गइल बा। फिलहाल पुलिस आरोपियन के दिहल गइल बयान के एक-एक बिंदु के सत्यापन कs रहल बिया। ऊ कब अइलें सs, कहां-कहां गइले सs आ केकरा-केकरा से मिलले सs, एह सब बिंदुअन के पुलिस गहनता से पड़ताल कs रहल बिया।

साभार: दैनिक भास्कर

609170cookie-checkगोरखनाथ मंदिर में अवैध कारतूस संगे धराइल 5 लोग: आरोपियन में BJP नेता के भाई बा सामिल, एक हफ्ता पहिले चेकिंग में मिलल रहे तमंचा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.