Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

छपरा के पहिला मेयर प्रिया देवी के निधन: डेंगू से इनफेक्शन के बाद पटना में चलत रहे इलाज, 2017 में जीतल रहली चुनाव

1,874

छपरा नगर निगम के पहिला मेयर प्रिया देवी के आज सुक के निधन हो गइल। डेंगू से पीड़ित प्रिया देवी के पटना के निजी अस्पताल में इलाज चलत रहे। मौत के खबर मिलतही समूचा छपरा में शोक के लहर दउड़ पड़ल। सुक के दुपहरिया में उनकर पार्थिव शरीर नगर निगम कार्यालय में अन्तिम दर्शन खातिर रखल गइल।

जहां दु घंटा तक नगर निगम क्षेत्र सहित आसपास के लोग श्रद्धांजलि अर्पित कइल। पूर्व मेयर प्रिया देवी पिछला चार दिन से पटना के निजी अस्पताल में इलाजरत रहली। ड़ेंगू के इस्थिति गंभीर होखला के बाद पिछला दु दिन से वेंडिटेशन पs रहली। सुक के सबेरे चिकित्सक लोग  उनका के मृत घोषित कs दिहल। अंतिम दर्शन के बाद शव के डोरीगंज घाट पs अंतिम संस्कार होई।

2017 से 20 तक रहली मेयर

पूर्व मेयर प्रिया देवी 2017-20 छपरा नगर निगम बनला के बाद पहिला मेयर चुनल गइल रहली। 2020 में अविश्वास प्रस्ताव ले आके पद से मुक्त कs दिहल गइल रहे। ऊ 2017- 22 कार्यकाल में छपरा नगर निगम के वार्ड 45 से वार्ड पार्षद नियुक्त भइल रहली। 2022 में नगर निगम के चुनाव में मेयर प्रत्याशी के रूप में चुनाव लड़ल रहली। बाकिर हार के सामना करे के पड़ल रहे।

नव नियुक्त मेयर राखी गुप्ता के पदमुक्त कइल गइला के बाद एकबार फेर चुनावी सरगर्मी तेज भइल रहे। जेमे प्रिया देवी मजबूत दावेदार के रूप में आपन प्रस्तुति देत रहली। बाकिर अचानक भइल मौत के बाद समर्थक आ नगर निगम के क्षेत्रवासी स्तब्ध बा लो।

इलाज के दौरान भइल मौत

मृतका के पति समाजसेवी मंटू सिंह बतवलें कि पांच दिन पहिले अचानक से बुखार आइल। बुखार अइला के बाद इलाज खातिर छपरा के एगो स्थानीय चिकित्सक के दिखावल गइल। दु दिन के इलाज में हालत आउर गंभीर हो गइल। जवना के बाद बेहतर इलाज खातिर पटना ले जाइल गइल। जहाँ इलाज के क्रम में आज सुक के मौत हो गइल। मौत के कारण चिकित्सक लोग ड़ेंगू से संक्रमण बतवलें बा।

साभार: दैनिक भास्कर

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.