Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

साँझ के 10 बड़ खबर

710
  1. बिहार: पटना साहिब के दरबार हॉल के सीएम नीतीश कइलें उद्घाटन, महिला बोलली पीएम खातिर तइयार हो जाई नीतीश भइया। गुरु नानक जयंती प पटना साहिब गुरुद्वारा में गुरपुरब समारोह में शामिल भइलें सीएम नीतीश।
  2. बिहार: ओवैसी के संगे मुकेश सहनी बढ़इहें तेजस्वी यादव के टेंशन, कुढ़नी उपचुनाव लड़ी वीआईपी। दुनों पार्टी लगाई महागठबंधन के वोट बैंक में लगाई लो सेंध। हाले में गोपालगंज सीट प अइसने देखे के मिलल रहे।
  3. उत्तर प्रदेश: Ayush College Admission Scam; यूपी के आयुष कॉलेजन में बिना NEET के प्रवेश पावे आला सभे 891 विद्यार्थी निलंबित। सब कॉलेजन में लगावल गइल सूचना। कॉलेजन के नोटिस।
  4. उत्तर प्रदेश: खतौली विधानसभा उपचुनाव में जयंत चौधरी उतरिहें RLD के प्रत्याशी, पार्टी के होई सिंबल।
  5. झारखंड: पूरनचंद सेतु के नाम से जानल जाई पलामू के कोयल पुल, सालन पुरान मांग भइल पूरा। मंगर के निगम बोर्ड नामकरण के पारित कइलस।
  6. चंद्रग्रहण 2022: भारत में लउकल साल के आखरी चंद्रग्रहण; इटानगर में पूर्ण ग्रहण के संगे चंद्रोदय; न्यूयार्क आ सिडनी में दिखल ब्लड मून।
  7. श्रद्धालु लोग लगावल गंगा में आस्था के डुबकी: कार्तिक पूर्णिमा प पटना के घाटन प उमड़ल भीड़, हर-हर महादेव आ गंगा मईया के जयकारन के गूंज। पटना के 74 घाटन प भइल रहे नहान के बेवस्था।
  8. SC कहलस शिक्षा कवनो बिजनेस ना ह: आंध्र प्रदेश में मेडिकल कॉलेज के फीस बढ़ावे प रोक, 5 लाख के जुर्मनो लगवलस। 2017 में हाईकोर्ट सरकार के फसीला प रोक लगा देले रहे, जवना प सुप्रीम कोर्ट में चुनौती दिहल गइल रहे।
  9. रूस के विदेश मंत्री से मिललें एस जयशंकर: बोललें – युक्रेन युद्ध हमनी खातिर बड़ मुद्दा, बातचीत के रास्ता प लवटे दुनो देश।
  10. भारत के खिलाफ सेमीफाइनल से पहिले इंग्लैंड के झटका: 150 के रफ्तार से गेंदबाजी करे वाला मार्क वुड चोटिल, अभ्यास ना कइलें। भारतीय कप्तान चोट से उबरले सेमीफाइनल में खेलिहें, अभ्यास के दौरान आज लागल रहे चोट।
374340cookie-checkसाँझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.