Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

दरभंगा के फेमस ह लिट्टी-छोला के इ दुकान, स्वाद अइसन जवन भूला नाहीं पाएब रउरा, कीमत खाली 7 रुपिया

दरभंगा-समस्तीपुर मुख्य पथ पs हनुमान चौक पs धनीराम महतो के दोकान बा। इहाँ से गुजरत लोग एह स्वादिष्ट लिट्टी के स्वाद लेवे खातिर जरूर आवेला। साथही खाए वाला के पेट महज 20 रुपिया में भर जाला।

3,196
Google Ads 300*250 for posts

 

दरभंगा : लिट्टी चोखा के नाम सुन के परदेसी के मुंह में भी पानी हो जाला। अइसना में अगर चना के लिट्टी में मिलावल जाला त स्वाद के अंदाजा लगा सकेनी। दरभंगा के ए जगह पs लिट्टी के संगे चोखा नईखे मिलत। उहो बहुत स्वादिष्ट बा। ई दुकान 1987 से चलत बा। साथे स्वाद भी बहुत अद्भुत बा। आजुओ एह महंगाई में चना, प्याज आ हरियर मिरचा के लिट्टी के साथे 7 रुपिया के दर से आनंद ले सकेनी।

धनीराम महतो के दोकान 1987 से दरभंगा-समस्तीपुर मुख्य पद के किनारे में बा। धनीराम महतो हनुमान नगर चौक पs दुकान चलावत बाड़े। उ बतवले कि शुरुआती दौर में उ सिर्फ कचरी अवुरी मुरही बेचत रहले। लेकिन 10-15 साल से हमनी के लिट्टी छोला बेचे लागल बानी जा। धनिकराम आगे बतावेला कि समस्तीपुर, मुसरीघरारी, दरभंगा सब जगह से गुजरे वाला लोग इहाँ रुक के लिट्टी आ छोला के स्वाद लेवेला। पास के कई गांव के लोग रोज इहाँ पहुंच के लिट्टी चोला खाएला । जब लिट्टी के दोकान शुरू भईल रहे त ओह घरी लिट्टी के दाम चार रुपिया के दर से बिकत रहे। आजु लिट्टी 7 रुपिया प्रति पीस में बिकाता।

पेट 20 रुपिया में भर जाई

धनीराम बतावत बाड़न कि लिट्टी आ छोला दुनु एक थाली में 20 रुपिया बिकाला. जवना में दू गो लिट्टी चना, प्याज आ मिरचा दिहल जाला। इहाँ लिट्टी बनावे में कई तरह के मसाला के इस्तेमाल होला। जवना में लहसुन, प्याज, अजवाइन, शुद्ध सत्तू आ लिट्टी के इहाँ बढ़िया तरीका से बनावल जाला। आगे कहल गइल बा कि धनिराम के उमिर 65 साल से अधिका बा। एह उमिर में भी उहे सादगी आ ताजगी उनका लिट्टी में मौजूद बा। एही कारण से कहल जा सकेला कि एहिजा लोग लिट्टी आ चना के स्वाद लेबे खातिर अपना गाड़ी पs ब्रेक लगा देला।

 

 

 

629650cookie-checkदरभंगा के फेमस ह लिट्टी-छोला के इ दुकान, स्वाद अइसन जवन भूला नाहीं पाएब रउरा, कीमत खाली 7 रुपिया

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.