कोलकाता लिटरेरी मीट के 11वां संस्करण के आगाज काल्ह 21 जनवरी से, साहित्य के दिग्गजन के होई जुटान

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 20, 2023

Kolkata Literary Meet: टाटा स्टील कोलकाता लिटरेरी मीट, विक्टोरिया मेमोरियल हॉल के विक्टोरिया लॉन में 21 जनवरी से 26 जनवरी के बीच होई। 11वां संस्करण के उद्घाटन साहित्यिक आलोचक गायत्री चक्रवती के द्वारा कइल जाई।

Share

एह वार्षिक आयोजन के दौरान पुरस्कार विजेता लेखक, साहित्यिक आलोचक, शिक्षाविद आ कलाकार लोग मंच साझा करी आ किताबन पs आपन विचारन के राखी लोग।

पहिला बेर एह आयोजन में सामिल बा हिंदी के सत्र, मृत्युंजय कुमार सिंह करिहें सत्र के संचालन

कोलकाता लिटरेरी मीट के 10 साल के गौरवमी इतिहास के आगे बढ़ावात 11वां संस्करण में एगो बड़हन उपलब्धि जुड़े जा रहल बा। पहिला बेर हिंदी के सत्र आयोजित होई जेमे रचना यादव, सुधा अरोड़ा, मृत्युंजय सिंह, अलका सरागोई, वेद रमण पांडेय सामिल रही लोग। एह सत्र के संचालन मृत्युंजय कुमार सिंह करिहें। हिंदी वाला सत्र “हिंदी साहित्य का शहर कलकत्ता” के आयोजन 23 जनवरी के सांझ 5 बजके 10 मिनट से होई।

बता दीं कि एह फेस्ट के आयोजन विक्टोरिया मेमोरियल हॉल में होई आ प्रवेश पुरूब के गेट से होई आ प्रवेश निशुल्क रही।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.