Modi 3.0: गृह मंत्री अमित शाह पेश कइलें 100 दिन के काम के लेखा-जोखा

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 17, 2024

केंद्रीय गृहमंत्री अमित शाह केंद्र सरकार के 100 दिन के कामकाज के लेखा जोखा पेश कइलें। एह दौरान ऊ सरकार के तीसरका कार्यकाल के पहिला 100 दिनन के काम के बुकलेट जारी कइलें। केंद्रीय मंत्री

Share

केंद्रीय गृहमंत्री अमित शाह केंद्र सरकार के 100 दिन के कामकाज के लेखा जोखा पेश कइलें। एह दौरान ऊ सरकार के तीसरका कार्यकाल के पहिला 100 दिनन के काम के बुकलेट जारी कइलें।

केंद्रीय मंत्री अमित शाह कहलें कि देस के कइयन गो संस्था पीएम मोदी के जन्मदिन के सेवा पखवाड़ा के रूप में मनावे के फैसला कइले बाड़ी सs। 17 सितंबर से दु अक्तूबर तक पार्टी के कार्यकर्ता लोगन के मदद करी लो। पीएम मोदी एगो गरीब परिवार में पैदा भइलें आ ऊ दुनिया के सबसे बड़ लोकतंत्र के पीएम बनलें। 15 अलग-अलग देस उनका के आपन सर्वोच्च सम्मान देलस। 140 करोड़ भारतीय आज उनकर लमहर उमिर खातिर प्रार्थना कs रहल बा लो।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.