Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Rural Bank Recruitment: अइसे मिलेला ग्रामीण बैकन में सरकारी नौकरी, जानीं योग्यता, चयन प्रक्रिया आ Vacancy

Rural Bank Recruitment: ग्रामीण बैंक दरअसल अइसन माइक्रोफाइनेंस संगठन होला जवन बुनियादी बैंकिंग आ वित्तीय सेवन के ग्रामीण इलाकन में उपलब्ध करावेला। भारत में एह समय 43 ग्रामीण बैंक संचालित कइल जा रहल बा। सब ग्रामीण बैंकन में ऑफिस असिस्टेंट ऑफिसर स्केल 1 ऑफिसर स्केल 2 आ ऑफिसर स्केल 3 के हजारन पदन पs एक संगे भर्ती हर साल IBPS द्वारा कइल जाला।

677

Rural Bank Recruitment: बैंक में सरकारी नौकरी के इच्छा रखे वाला कइयन उम्मीदवार ग्रामीण बैंकन में भर्ती के प्राथमिकता देला लो। ग्रामीण बैंक दरअसल अइसन माइक्रोफाइनेंस संगठन होला जवन बुनियादी बैंकिंग आ वित्तीय सेवा के ग्रामीण इलाकन में उपलब्ध करावेला। भारत में एह समय 43 ग्रामीण बैंक संचालित कइल जा रहल बा। राष्ट्रीय बैंकन के जइसने ग्रामीण बैंकन के संचालन खातिर प्रोफेशनल्स के भर्ती कइल जाला। जहां अस्थाई पदन आ संविदा भर्ती खातिर अलग अलग ग्रामीण बैंक विज्ञापन जारी करेला तs ऊ सब ग्रामीण बैंकन में समान पदन- ऑफिस असिस्टेंट, ऑफिसर स्केल 1, ऑफिसर स्केल 2 आ ऑफिसर स्केल 3 पs एकसंगे भर्ती कइल जाला।

Rural Bank Recruitment Selection Process: अइसे मिलला ग्रामीण बैकन में सरकारी नौकरी

इंस्टीट्यूट ऑफ बैंकिंग पर्सोनेल सेलेक्शन (IBPS) द्वारा सब क्षेत्रीय ग्रामीण बैंकन (RRB) में ऑफिस असिस्टेंट, ऑफिसर स्केल 1, ऑफिसर स्केल 2 आ ऑफिसर स्केल 3 के हजारन रिक्त पदन पs भर्ती खातिर सीधी भर्ती के आयोजन हर साल कइल जाला। संस्थान द्वारा आइबीपीएस आरआरबी कॉमन रिक्रूटमेंट प्रॉसेस (CRP) से उम्मीदवारन के चयन कइल जाला।  एह साल आइबीपीएस द्वारा RRB CRP XII के आयोजन कइल जा रहल बा, जवना के आखिरी तारीख हाले में बढ़ाके 28 जून कs दिहल गइल बा। अबकी बेर के परीक्षा के माध्यम से ऑफिस असिस्टेंट (मल्टीपर्पज) आ ऑफिसर स्केल (1, 2 आ 3) कुल 8611 पदन पर भर्ती कइल जाये के बा।

Rural Bank Recruitment Eligibility: ग्रामीण बैंक में सरकारी नौकरी खातिर योग्यता

ग्रामीण बैंकन में ऑफिस असिस्टेंट (मल्टीपर्पज), ऑफिसर (स्केल 1, 2, 3) पदन खातिर उम्मीदवारन के कवनो मान्यता प्राप्त विश्वविद्यालय भा कवनो आउर उच्च शिक्षा संस्थान से स्नातक होखे के चाहीं आ उम्मीदवारन के आयु 18 से 28 बरिस के बीच होखे के चाहीं। ऑफिसर स्केल 1 पदन खातिर अधिकतम आयु सीमा 30 बरिस आ ऑफिसर स्केल 2 या 3 खातिर 40 बरिस बा। सब पदन खातिर निर्धारित अधिकतम आयु सीमा में आरक्षित वर्गन के उम्मीदवारन के केंद्र सरकार के नियमन के मोताबिक छूट दिहल जाला।

Rural Bank Recruitment Selection Process: ग्रामीण बैक सरकारी नौकरी खातिर चयन प्रक्रिया

ऑफिस असिस्टेंट (मल्टीपर्पज), ऑफिसर (स्केल 1, 2, 3) पदन खातिर ग्रामीण बैंकन में सरकारी नौकरी हर साल आयोजित होखे वाली IBPS RRB CRP परीक्षा से पावल जा सकत बा। एह परीक्षा के तीन चरण होला। पहिला चरण में प्रारंभिक परीक्षा ऑनलाइन मोड में आयोजित कइल जाला। एह परीक्षा खातिर 45 मिनट के अवधि निर्धारित होला आ एमे रीजनिंग आ न्यूमेरिकल एबिलिटी (ऑफिसर स्केल खातिर क्वांटिटेटिव एप्टीट्यूड) के 40-40 प्रश्न पूछल जाला। एकरा बाद मुख्य परीक्षा होला, जेमे रीजनिंग, कंप्यूटर नॉलेज, जनरल अवेयरनेस, अंग्रेजी, हिंदी आ न्यूमेरिकल एबिलिटी से 40-40 क्वेश्चन पूछल जाला। ऑफिस मुख्य परीक्षा में सफल घोषित उम्मीदवारन के डॉक्यूमेंट्स वेरीफिकेशन आ ऑफिसर पदन खातिर इंटरव्यू खातिर बोलावल जाला।

Rural Bank Recruitment: एह ग्रामीण बैंकन में होला भर्ती

  • चैतन्य गोदावरी ग्रामीण बैंक
  • आंध्र प्रगति ग्रामीण बैंक
  • सप्तगिरि ग्रामीण बैंक
  • अरुणाचल प्रगति ग्रामीण बैंक
  • असम ग्रामीण विकास बैंक
  • दक्षिण बिहार ग्रामीण बैंक
  • उत्तर बिहार ग्रामीण बैंक
  • छत्तीसगढ़ राज्य ग्रामीण बैंक
  • बड़ौदा गुजरात ग्रामीण बैंक
  • सौराष्ट्र ग्रामीण बैंक
  • सर्व हरियाणा ग्रामीण बैंक
  • हिमाचल प्रदेश ग्रामीण बैंक
  • इलाकई देहाती बैंक
  • जम्मू और कश्मीर ग्रामीण बैंक
  • झारखण्ड राज्य ग्रामीण बैंक
  • कर्नाटक ग्रामीण बैंक
  • कर्नाटक विकास ग्रामीण बैंक
  • केरल ग्रामीण बैंक
  • मध्य प्रदेश ग्रामीण बैंक
  • मध्यांचल ग्रामीण बैंक
  • विदर्भ कोंकण ग्रामीण बैंक
  • महाराष्ट्र ग्रामीण बैंक
  • मणिपुर ग्रामीण बैंक
  • मेघालय ग्रामीण बैंक
  • मिजोरम ग्रामीण बैंक
  • नागालैंड ग्रामीण बैंक
  • ओडिशा ग्राम्य बैंक
  • उत्कल ग्रामीण बैंक
  • पंजाब ग्रामीण बैंक
  • पुदुवई भारथिअर ग्राम बैंक
  • बड़ौदा राजस्थान क्षेत्रीय बैंक
  • राजस्थान मरुधरा ग्रामीण बैंक
  • तमिलनाडु ग्राम बैंक
  • तेलंगाना ग्रामीण बैंक
  • आंध्र प्रदेश ग्रामीण विकास बैंक
  • त्रिपुरा ग्रामीण बैंक
  • आर्यावर्त बैंक
  • बड़ौदा यूपी बैंक
  • प्रथमा यूपी ग्रामीण बैंक
  • उत्तराखंड ग्रामीण बैंक
  • पश्चिम बंगा ग्रामीण बैंक
  • उत्तर बंग ग्रामीण क्षेत्रीय बैंक
  • बंगीय ग्रामीण विकास बैंक
574750cookie-checkRural Bank Recruitment: अइसे मिलेला ग्रामीण बैकन में सरकारी नौकरी, जानीं योग्यता, चयन प्रक्रिया आ Vacancy

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.