UP Police Constable : अगिला महीना हो सकत बा यूपी पुलिस के फिजिकल, जानीं कइसे पास करेम टेस्ट?

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 20, 2024

UP Police Constable Result 2024 Date : UP Police Constable भर्ती खातिर परीक्षा में सामिल भइल सब उम्मीदवार अब अपना परीक्षा परिणाम के इंतजार कs रहल बा लो। 60 हजार से जादे पदन खातिर पुलिस

Share

UP Police Constable Result 2024 Date : UP Police Constable भर्ती खातिर परीक्षा में सामिल भइल सब उम्मीदवार अब अपना परीक्षा परिणाम के इंतजार कs रहल बा लो। 60 हजार से जादे पदन खातिर पुलिस कांस्टेबल भर्ती लिखित परीक्षा 2024 के नतीजा जारी कइल जावs। एह परीक्षा के परिणाम एही महीना आवे के उम्मीद बा। उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ (Yogi Adityanath) निरदेस देले रहस कि एह परीक्षा के परिणाम महीना के अंत तक जारी कs दिहल जाव।

लेकिन परीक्षा परिणाम के बाद चयनित छात्रन के फिजिकल टेस्ट से गुजरे के होई। UP Police लिखित परीक्षा में मेरिट पास करे वाला उम्मीदवारन के फिजकल टेस्ट खातिर बोलावल जाई। जेमे उम्मीदवारन के शारीरिक दक्षता के परीक्षा लिहल जाई। एह परीक्षा में उम्मीदवारन के हाइट, वजन, सीना के माप आ उम्मीदवारन से दउड़ के परीक्षा लिहल जाई। एह परीक्षा के पास करे खातिर उम्मीदवारन के हाइट कम से कम 168 सेंटीमीटर होखे के चाहीं। एमे आरक्षित वर्ग के जरुरी छूट बा।

फिजिकल परीक्षा के पास करे खातिर नवहा लोग लगातार दउड़ के प्रैक्टिस कs रहल बा। एह फिजिकल टेस्ट में पुरुष उम्मीदवारन के 25 मिनट में 4.8 किमी आ महिला उम्मीदवारन के 14 मिनट में 2.4 किमी के दउड़ पूरा करे के होला। अइसन उम्मीद जतावल जा रहल बा कि लिखित परीक्षा के परिणाम अइला के बाद नवंबर भा दिसंबर महीना से चयनित छात्रन के फिजिकल टेस्ट खातिर बोलावल जा सकत बा। फिजिकल टेस्ट के बाद मेडिकल प्रक्रिया से छात्रन के गुजरे के होई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.