[the_ad_group id="30365"]

Bihar News: भागलपुर में मंदिर के मूर्ति तूड़ला पऽ भइल बवाल, भीड़ थाना के घेरलस 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

BIHAR news: भागलपुर के सन्हौला थाना क्षेत्र में अनजान असामाजिक तत्वन के चलते एगो शिव मंदिर में देवी-देवता के बहुत मूर्ति के नुकसान पहुंचावल गइल। एह घटना के चलते स्थानीय लोग में आक्रोश मचल बा। खिसियाइल लोग पुलिस के कामकाज के शैली पऽ भी सवाल उठवले आ सड़क पऽ उतर के हंगामा मचवले। कई थाना के टीम मौका पऽ पहुंच के इस्थिति पऽ काबू पावे के कोशिश कइलस। पुलिस एह इलाका में झंडा मार्च करत बिया। थाना के मुख्य गेट पऽ पहुंच के भारी संख्या में लोग नाराबाजी कइले। पुलिस मामला के शांत करे के कोशिश करतिया। जबकि एक आदमी के गिरफ्तार कऽ लिहल गइल बा।

मंदिर में मूर्ति तुटला के बाद हंगामा

भागलपुर पुलिस के मुताबिक, काल्ह रात संहौला थाना क्षेत्र के एगो पोखरा के नजदीक इस्थित मंदिर में देवी-देवता के मूर्ति के नुकसान पहुंचल बा। एह मामला में मामला दर्ज भइल बा आ मूर्ति के नष्ट करेवाला आदमी के पुलिस गिरफ्तार कऽ लेले बिया। उक्त व्यक्ति के मानसिक रूप से परेशान बतावल जाता। बतावल गइल कि शांति समिति आ गणमान्य लोग के संगे बइठक भइल आ पुलिस झंडा मार्च चलावतिया। फिलहाल इस्थिति नियंत्रण में बा आ कानून व्यवस्था के इस्थिति सामान्य बा। लोग के अफवाह से दूर रहे के सलाह दिहल गइल बा।

सड़क पऽ उतर के लोग नाराबाजी कइले

मिलल जानकारी के मुताबिक एतवार के सबेरे जब लोग के मूर्ति तुड़े के जानकारी मिलल तऽ उऽ लोग खिसिया गइले। सड़क पऽ निकल के लोग आग जरा के नारा लगा के विरोध जतवले। पुलिस के कामकाज के शैली से भी लोग नाराज बाड़े। स्थानीय लोग के कहनाम बा कि उक्त मंदिर थाना के बहुत नजदीक बा। ओकरा बाद जदि केहू अइसे आके मंदिर में सब मूर्ति तूड़ देला तऽ बहुत दुख होला।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]