[the_ad_group id="30365"]

Lawrence Bishnoi: गैंगस्टर पs हर साल 40 लाख रुपिया खर्च करेला परिवार, चचेरा भाई बतवलें कइसे पड़ल लॉरेंस नाम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Lawrence Bishnoi: सलमान खान के धमकी देवे के ममिला होखे, भा फेर एनसीपी नेता बाबा सिद्दीकी के हत्या, पंजाबी गायक सिद्धू मूसेवाला के हत्या, सब ममिलन में एके समान बात बा आ ऊ जेल में बंद कुख्यात गैंगस्टर लॉरेंस बिश्नोई। लॉरेंस फिलहाल गुजरात के साबरमती जेल में बंद बा। अब लॉरेंस के एगो चचेरा भाई खुलासा कइले बाड़ें कि परिवार लॉरेंस पs हर साल 40 लाख रुपिया खर्च करेला ताकि जेल में ओकरा कवनो तरे के तकलीफ ना होखे।

चचेरा भाई बतवलस- जेल में लॉरेंस पs हर साल 35-40 लाख रुपिया खर्च करेला

मीडिया रिपोर्ट्स के अनुसार, लॉरेंस के चचेरा भाई रमेश बिश्नोई बतवलें कि उनकर परिवार कबो ना सोचले रहस कि पंजाब यूनिवर्सिटी से कानून के स्नातक लॉरेंस अपराधी बन जाई। रमेश कहलें कि ‘हमार परिवार हमेसा से संपन्न रहल। लॉरेंस के पिता हरियाणा पुलिस में कॉन्सटेबल रहस आ उनका लगे गांव में 110 एकड़ जमीन रहे। लॉरेंस हमेसा से महंगा कपड़ा आ जूता पहिने के शौकीन रहे। अभियो परिवार ओकरा पs हर साल जेल में 35-40 लाख रुपिया खर्च करेला।’

कइसे पड़ल लॉरेंस के नाम?

रमेश बतवलस कि पंजाब के फिरोजपुर में जनमल लॉरेंस के असली नाम बलकरण बरार हs, बाकिर ऊ अपना स्कूल के दिने लॉरेंस बन गइल रहे। बतावल जात बा कि लॉरेंस के आंटी ओकर लॉरेंस नाम रखे के सलाह देले रहस आ कहले रहस कि ई नाम जादे बेहतर लागेला।

हाल के बरिसन में लॉरेंस बिश्नोई के नाम कइयन गो हाई प्रोफाइल ममिलन से जुड़ल बा। जेमे फिलिम अभिनेता सलमान खान के धमकी दवे आ उनका घर पs फायरिंग के ममिला होखे भा फेर मुंबई में एनसीपी नेता बाबा सिद्दीकी के हाले में कइल गइल हत्या के ममिला, सब में लॉरेंस बिश्नोई गैंग के नाम सामने आइल बा। एकरा पहिले पंजाबी गायक सिद्धू मूसेवाला के हत्या के आरोप लॉरेंस बिश्नोई गैंग पs लागल रहे। एतने ना कनाडा के सरकार के आरोप लगावल गइल बा कि भारतीय एजेंट्स लॉरेंस बिश्नोई गैंग के संगे मिलके खालिस्तानी कट्टरपंथियन के निशाना बना रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]