[the_ad_group id="30365"]

यूजीसी नेट के रिजल्ट के लेके NTA दिहलस बड़ अपडेट, जानीं परिणाम जारी होखे के तारीख

UGC Net Result
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

नेशनल टेस्टिंग एजेंसी (एनटीए) यूजीसी नेट जून 2024 के रिजल्ट के लेके एगो अपडेट देले बिया कि इs काल्ह यानी 18 अक्टूबर के जारी होई। एकरा रिलीज के बाद परीक्षा में शामिल लाखों परीक्षार्थी एकरा के आधिकारिक वेबसाइट ugcnet.nta.ac.in पs जाके देख पईहे। एकरा अलावे उम्मीदवार वेबसाइट से आपन स्कोरकार्ड भी डाउनलोड कs सकेले, जवना खातीर उनुका आवेदन नंबर, जन्म तिथि अवुरी सुरक्षा पिन के जरूरत बा।

एही बीच सोशल मीडिया पs यूजीसी नेट रिजल्ट लिंक 2024 के स्क्रीनशॉट फैलावल जाता, हालांकि जांच एजेंसी अबे ले आधिकारिक वेबसाइट ugcnet.nta.ac.in पs रिजल्ट के घोषणा नईखे कईले।

परीक्षा कब भइल रहे

एह साल यूजीसी नेट जून 2024 के परीक्षा देश के विभिन्न शहरन में करावल गइल. इs परीक्षा कम्प्यूटर बेस्ड टेस्ट (सीबीटी) मोड में भईल रहे। हालांकि जून महीना में होखे वाला कुछ परीक्षा कथित पेपर लीक के चलते रद्द कs दिहल गईल। फेर एकरा बाद फेर से परीक्षा 21, 22, 23, 27, 28, 29, 30 अगस्त आ 2, 3, 4 सितंबर 2024 के भइल. बता दीं कि कुल 83 विषय के परीक्षा में लाखों परीक्षार्थी भाग लेले रहले।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]