MAMI Film Festival 2024: मनोज बाजपेयी के नया फिल्म के मामी में धमाका

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 20, 2024

मामी फिल्म फेस्टिवल 2024 में फिल्म ‘डिस्पैच’ के प्रदर्शन का बाद एह फिलिम के तारीफ हो रहल बा। 19 अक्टूबर के गाला प्रीमियर में फिल्म के प्रदर्शन के बाद एकरा के बहुत पसंद कइल गइल।

Share

मामी फिल्म फेस्टिवल 2024 में फिल्म ‘डिस्पैच’ के प्रदर्शन का बाद एह फिलिम के तारीफ हो रहल बा। 19 अक्टूबर के गाला प्रीमियर में फिल्म के प्रदर्शन के बाद एकरा के बहुत पसंद कइल गइल। एह फिलिम के दर्शकन के प्यार मिलल बा, ओकरा बाद एलान हो गइल बा कि इ फिलिम ओटीटी पर रिलीज होखी। फिल्म के माध्यम से पत्रकारिता के बहुत पहलू अउरी कवनो खबर खाती पत्रकार के मेहनत के देखावल गइल बा। खबर से जुड़ल जानकारी जुटावे के समय जवन समस्या के सामना करे के पड़ेला ओकरा के फिल्म में रेखांकित कइल गइल बा।

मामी में प्रीमियर के बाद ओटीटी पऽ रिलीज होखी

मामी फिल्म फेस्टिवल के दौरान फिल्म ‘डिस्पैच’ के लेके बहुत चर्चा होखता। प्रदर्शन के दौरान फिल्म के विषय के लेके विचार साझा कइल गइल। एह फिलिम के निर्देशन कनू बहल कइले बाड़न. ‘डिस्पैच’ के कहानी प्रशंसकन के बहुते नीक लागल बा। एह फिलिम में मनोज बाजपेयी के काम के दौरान कतना संघर्ष के सामना करे के पड़ेला, ओकरा के देखावल गइल बा। एमें उनका के एगो अनुभवी क्राइम रिपोर्टर के भूमिका निभावत देखल जाई। फिल्म जल्दिए ओटीटी पर रिलीज होखे जा रहल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.