DDU University  LLB आ BALLB के लेके जारी कइलस जरूरी अपडेट

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 17, 2024

Gorakhpur News: विश्वविद्यालय आ सम्बद्ध महाविद्यालयन में सत्र 2023-24 के एल-एल०बी० (1st, 2nd, 3rd, 4th, 5th, 6th सेमेस्टर) आ बीए एल-एलबी (1st, 2nd, 3rd, 4th, 5th, 6th, 7th, 8th, 9th, 10th सेमेस्टर) के जवना छात्र/छात्रा

Share

ddu gorakhpur

Gorakhpur News: विश्वविद्यालय आ सम्बद्ध महाविद्यालयन में सत्र 2023-24 के एल-एल०बी० (1st, 2nd, 3rd, 4th, 5th, 6th सेमेस्टर) आ बीए एल-एलबी (1st, 2nd, 3rd, 4th, 5th, 6th, 7th, 8th, 9th, 10th सेमेस्टर) के जवना छात्र/छात्रा लो के ट्यूटोरियल मौखिक परीक्षा/प्रैक्टिकल छूट गइल बा, अइसन छात्र/छात्रा लो खातिर छूटल ट्यूटोरियल मौखिक परीक्षा / प्रैक्टिकल खातिर विश्वविद्यालय के वेबसाइट http://ddugu.ac.in पऽ आनलाइन परीक्षाफार्म भरने आ इंडियन बैंक में नेट बैंकिंग के माध्यम से निर्धारित परीक्षा शुल्क (रू0 2500.00, दो हजार पांच सौ रूपये मात्र, प्रति ट्यूटोरियल) जमा करे खातिर पोर्टल दिनांक 21/10/2024 से दिनांक 28/10/2024 तक खोलल जा रहल बा।

विश्वविद्यालय परिसर खातिर विद्यार्थियन के परीक्षा फार्म खुद भरे के पड़ी आ विश्वविद्यालय से जुड़ल कॉलेजन के पात्र विद्यार्थियन खातिर संबंधित कॉलेजन के लॉगिन पासवर्ड का माध्यम से भरल जाई।

प्रतिवर्ष के भांति दिनांक 15.10.2024 के मनोविज्ञान विभाग , दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वियादलय में अंतराष्ट्रीय मानसिक स्वास्थ दिवस के उपलक्ष्य में “सार्वभौमिक मानवीय मूल्यन के अभ्यास कऽ के कार्यस्थल में मानसिक स्वास्थ्य के प्राथमिकता देबे के समय” ( IT IS TIME TO PRIORTIZE MENTAL HEALTH IN THE WORKPLACE BY PRACTICISING UNIVERSAL HUMAN VALUES) विषय पऽ जागरूकता कार्यक्रम के आयोजन कइल गइल।

कार्यक्रम के शुरुआत कुलगीत आ माँ सरस्वती के सोझा दीप जरावल आ माला पहिरा के भइल। मनोविज्ञान विभाग के प्रमुख प्रो. धनंजय कुमार मुख्य अतिथि अउरी सभ अतिथि के स्वागत करत कहले कि ए साल के विषय के मुताबिक जदी मानसिक स्वास्थ्य में सुधार करे के बा तऽ मानवीय मूल्य के महत्व दिहल जरूरी बा।

छात्र कल्याण के डीन प्रो. अपना संबोधन में प्रो. दुबे कहले कि हमनी के अबहीं मानसिक बेमारी के लक्षण के पहचान करे में गलती करतानी, काहेंकी अक्सर हमनी के मानसिक बेमारी के लक्षण के अउरी बेमारी के लक्षण से अलग ना कऽ पावेनी। संगही उऽ कहले कि सभसे उपर हमनी के मानसिक स्वास्थ्य के प्राथमिकता में राखे के होई।

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.